संसद विघटन के विरोध मे गाँव गाँव मे करिया झण्डा लगावलें

प्रभु यादव

बारा २८ पुस
नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) प्रचण्ड–नेपाल समर्थक कलैया के मुख्य चौक पर करिया झण्डा लगावले बाडन ।
केन्द्रिय संघर्ष समिति के निर्देशन अनुसार पुस २८ गते देश ब्यापी रुप मे घरघर मे पर्चा वितरण गाँव गाँव टोलटोल मे करिया झण्डा लगावे के आ असंवैधानिक एमं प्रतिगमन कदम विरुद्ध सभे पालिका के वार्ड सब मे ब्यानर राखे के कार्जक्रम अनुसार कलैया के भरत चौक पर झण्डा लगावल गईल पार्टी के नगर सचिव मुकेश साह जनकारी करावले बाडन ।

कलैया उपमहानगरपालिका के सभे वार्ड मे करिया झण्डा लगावल गईल सचिव साह जनकारी करावले बानी ।

झण्डा लगावे के कार्जक्रम मे बारा जिल्ला कमिटी सदस्य महम्मद सम्मिउलाह, मुकेश साह, जवाहिर अंसारी, धुर्ब यादव, आबिद हुसैन अंसारी, उमेश यादव, बिक्रम ठाकुर, युवा नेता वैधनाथ साह, हरिओम साह, बिनोद गुप्ता, अरुण खनाल, संघीय मामिला तथा प्रादेशिक बिभाग प्रमुख तथा मुस्लिम संगठन सचिवालय सदस्य राज खान, अनेरास्ववियु नेता इमरान आलम, संदिप यादव लगायत के लोग रहल रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।