जीराभवनी १२ माघ,

प्रदेश सरकार, प्रदेश नम्बर २, मुख्य मन्त्री तथा मन्त्री परिषद के कार्यालय, जनकपुर के आयोजना आ ठोरी गाँवपालिका पर्सा के सहजीकरण मे मुख्यमन्त्री “बेटी पढाव, बेटी बचाव” अभियान अन्तर्गत बेटी शिक्षा बिमा कार्जक्रम ठोरी गाँवपालिका मे आजु से शुभारम्भ भईल बा ।

ठोरी गाँवपालिका वार्ड नम्बर ४ स्थित ज्ञान ज्योती मा.बि. घ्याङ्डाडा मे आयोजना कईल शिबिर मे २०७५ माघ १ गते से जनमल ५२ जने बेटीलोग के प्रभु बैंक से बीमा सम्झौता कईल बा । एहितरे कार्जक्रम मे बोलत ठोरी गाँवपालिका के अध्यक्ष पदमलाल श्रेष्ठ बेटी के सशक्तिकरण आ सरक्षणण के खातिर ठोरी गाँवपालिका विशेष नीति तथा कार्जक्रम जलदी लियावे के बतवनी ।

कार्जक्रम मे प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत धर्मराज थापा, वार्ड अध्यक्षलोग राम बहादुर पाख्रीन, किशोर तामाङ्ग, सुर्य लामा, बइ बहादुर तामाङ्ग, बेटी पढाव, बेटी बचाव अभियान पर्सा जिल्ला संयोजक अमोद यादव, प्रभु बैंक के प्रतिनिधि तारा महतो, स्वास्थ्य संयोजक रमेशराज थिङ्ग लगायत कर्मचारी, बुद्धिजीबिलोग के सहभागीता रहल रहे । साथे ई शिविर मे डा. बिकास कुमार साह के टोली बच्चालोग के स्वास्थ्य जाँच कईल गईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।