“क्यान ईन्फोटेक २०२०” मेला मे करिब ४५ हजार अवलोकन कईले

वीरगंज १३ माघ,

नेपाल मे सुचना प्रविधि क्षेत्र मे कार्यरत जनशक्ति, विज्ञ, संघसंस्था तथा व्यवसायीलोग के छाता संगठन क्यान महासंघ पर्साद्धारा आयोजना कईल क्यान ईन्फाटेक आईटि मेला २०२० बितल बा ।

बितल माघ ९ गते से वीरगंज के नगरसभागृह मे आयोजना भईल क्यान ईन्फोटेक २०२० के अन्तिम दिन सोमार तक करिब ४५ हजार से बेसी लोग अवलोकन कईल आयोजक संस्था जनवले बा ।

क्यान महासंघ पर्सा के अध्यक्ष दिपक शाह के सभापतित्व मे भईल समापन समारोह मे प्रमुख अतिथि वीरगंज पब्लिक कलेज के निर्देशक डा. दिपक शाक्य सुचना प्रविधी क्षेत्र के विकास मे क्यान से पुगावल योग्दान के सराहना कइनी । वीरगंज के खातिर बिल्कुले नयाँ परिवेश के कार्जक्रम भईला से इहाँ के युवालोग एकरा ओरी आकर्षित होखेवाला जगहा मे ना भईल कहत दुःख जनवनी । अइसन कार्जक्रम के भविष्य मे निरन्तरता देवेके क्यान पर्सा से निहोरा भी कईनी ।

कार्जक्रम मे शुभकामना मन्तव्य राखत वक्तालोग अधिराज्यभर रहल सुचना प्रविधी के विज्ञ, जनशक्ति तथा संघसंस्था के उत्थान तथा विकास के खातिर निरन्तर सक्रिय रहे खातिर क्यान के निहोरा कईले रहलन । क्यान ईन्फोटेक प्रदेश २ तथा वीरगंज के खातिर नयाँ परिवेश के कार्जक्रम भईला से एकरा के निरन्तरता देवेके बात मे जोड देहले रहलन ।

कार्जक्रम मे क्यान महासंघ के पुर्व सचिव तथा एलबिईएफ कलेज के निर्देशक पंकज जलान, क्यान महासंघ प्रदेश २ के अध्यक्ष आलोक चौरसिया, क्यान पर्सा के उपाध्यक्ष प्रशान्त कुमार, सचिव जिवन प्रकाश गुप्ता, सहसचिव गणेश सर्राफ, वीरगंज युवा समाज के अध्यक्ष कमल चौगाई, सिटिजन्स् बैक प्रदेश २ के प्रमुख दिवश सिंह ठकुरी, प्रभु पे के विजय अधिकारी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

५ दिन तक चलल क्यान ईन्फोटेक २०२० मे सुचना प्रविधी से सम्बन्धीत करिब ६० से बेसी स्टल राखल गईल रहे । आइटि क्षेत्र मे भविष्य बनावे चाहेवाला लोग के खातिर क्यान ईन्फोटेक पिछिलका समय अध्ययन स्थल के रुप मे स्थापित भईल रहे ।

केन्द्रिय स्तर के क्यान इन्फोटेक तथा प्रदेश आ जिल्ला स्तरीय इन्फोटेक के शिर्ष प्रायोजन प्रभु पे, एसोसिएट प्रायोजक मे वल्डलिंक कम्युनिकेशन लिमिटेड, अफिसियल इन्सोरेन्स प्रभु इन्सोरेन्स प्रायोजन कईले बा ।

एहितरे अभी तक प्लाटिनम स्पोन्सर मे डाईनामिक टेक्नोसफ्ट, गोल्ड स्पोन्सर मे ब्रदर आ लर्ड बुद्ध एजुकेशन फाउण्डेसन, सिल्भर स्पोन्सर मे एस पावर, भायनेट प्रायोजन कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।