पर्सा के ठोरी–५ सुवर्णपुर मे निःशुल्क आँखा शिविर पुरा

मेघराज राय
जीराभवानी ०३ पुस,
ठोरी गाँवपालिका वार्ड नं. ५ के सुवर्णपुर मे निःशुल्क आँखा शिबिर आजु पुरा भईल बा ।
बीरगंज महानगर पालिका के मेयर बिजय सरावगी के ब्याक्तिगत आर्थिक सहजोग मे पुरा भईल शिविर मे ठोरी आ जीराभवानी गाँवपालिकाका २४८ जने आँखा जाँच करवले बाडन । जाँच करावेवाला मेसे ७५ जने मे मोतियाबिन्दु के समस्या रहल आ उलोग के निःशुल्क अपरेसन करेके माट्रिका आइ फाउन्डेसन जनवले बा ।
माट्रिका आइ फाउन्डेसन बीरगंज के महेश सिंह धामी सहित के टोली आँख जाँच कईले रहनी । शिविर के उदघाटन कार्जक्रम मे बोलत मेयर सरावगी आपन बाबु भी ई किसिम के सामाजिक सेवा करत आईल स्मरण करत खुद भी ओकर निरन्तरता स्वरुप शिविर संचालन कईल बतवनी ।
जसपा ठोरी के संयोजक राम बहादुर पाख्रीन के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे जसपा के पर्सा जिल्ला उपाध्यक्ष जरी लामा स्वागत कईले रहनी ।
युवा नेता चन्द्र नेवार से सहजीकरण कईल कार्जक्रम मे बिशिष्ट अतिथिलोग मे जसपा के केन्द्रिय सदस्य मोहनलाल चौधरी, पत्रकार महासंघ प्रदेश नं. २ के उपाध्यक्ष केसी लामिछाने, ठोरी ५ के वार्ड अध्यक्ष राम बहादुर पाख्रीन, युवा नेता बिमल प्रधान लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






