क्रियाशिल पत्रकार के सदस्यता से बञ्चित ना करावे के माग

विरगंज १५ माघ,
जनानी पत्रकार विमला गुप्ता आजु नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा के नयाँ सदस्यता से बञ्चित करावे के षड्यन्त्र हो रहल कहत क्रियाशिल पत्रकार के सदस्यता देवे खातिर महासंघ पर्सा के ध्यानाकर्षण करवले बानी ।
सभी पर्सेली क्रियाशिल पत्रकारलोग के ओरी से जनानी पत्रकार गुप्ता महासंघ पर्सा के अध्यक्ष श्याम बन्जारा के अल्टीमेटम सहित ध्यानाकर्षण पत्र बुझवले बानी । ध्यानाकर्षण पत्र मे महासंघ पर्सा शाखा के ३ दिन भितर ई जिल्ला से क्रियाशिल रुप मे पत्रकारिता करेवाला पत्रकारलोग के सदस्यता देवे खातिर माग कईले बानी ।
ध्यानाकर्षण पत्र मे महासंघ पर्सा शाखा लम्हर समय से जिल्ला भितर निरन्तर रुप मे पत्रकारिता करेवाला पत्रकारलोग के महासंघ के सदस्यता से बञ्चित कईल जानकारी करावत इहे माघ ७ गते बईठल बईठक के निर्णय से नयाँ सदस्यता आवेदन खुल्ला कईला मे धन्यवाद देहल गईल बा ।
माकिर खुल्ला कईल सदस्यता आवेदन मार्फत नयाँ सदस्यता के खातिर पर्सा के क्रियाशिल पत्रकारलोग विधान बमोजिम सभी प्रकृया पुगा के निवेदन दर्ता करईला पर भी अभी आके अनेकन बहाना मे सदस्यता से बञ्चित करावे के षडयन्त्र हो रहल कहत महासंघ के बिधान मुताविक मापदण्ड पुगल क्रियाशिल र पत्रकारिता पेशा मात्र कईल श्रमजिवीलोग के सदस्यता उपलब्ध करावे खातिर जोडदार माग कईले बानी ।
मांग के वेवास्ता कईला पर आवेवाला दिन मे कडा आन्दोलन करेके चेतावनी देत एकरा से उत्पन्न जिम्मेवारी पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा होखेके चेतावनी देहले बानी ।
ध्यानाकर्षण पत्र बुझत महासंघ के अध्यक्ष श्याम बन्जारा विधान से कईल व्यवस्था मुताविक सदस्यता देवे खातिर प्रकृया अगाडी बढावल गईल आ खुद क्रियाशिल पत्रकार के हित मे हरदम सकारात्मक सोच के साथ अगाडि बढल बतवनी ।
साथे ई काम के खातिर छानबिन समिति भी बनावल गईल बा आ समिति के सहजीकरण करे खातिर मिलल सदस्यता आवेदन फारम हस्तान्तरण कईला से समिति निष्पक्ष छानबिन करके योग्य, कृयाशील पत्रकार के सदस्यता देवेके उपर आशंका ना करे खातिर विश्वास दिलवनी ।






