धनुषा से कटुवा पेस्तोल सहित एक जने पकडईलें

धनुषा से कटुवा पेस्तोल सहित एक जने पकडईलें

जनकपुरधाम १६ अगहन

धनुषा से कटुवा पेस्तोल सहित एक जने पकडाईल बाडन । पकडाएवाला मे सबैला नगरपालिका ८ ठिल्ला रहेवाला ५१ बरीस के रामईश्वर ठाकुर बाडन ।

धनुषा के प्रहरी प्रवक्ता डिएसपी रञ्जन अवा से देहल जानकारी मुताविक शुक के सँझिया ५० बरीस के मेहरारु रामकाशी देवी के पिटपाट करेके आ हथियार देखाके ज्यान मारेके धम्की देत रहलन ।

उ सूचना मिलला के बाद इलाका प्रहरी कार्यालय सबैला धनुषा से पुगल प्रहरी टोली उनकर घर चेकजाँच कईला पर ९ इन्च लम्बाइ भईल कटुवा पेस्तोल बरामद कईले बा ।

उनका के नियन्त्रण मे लेके आउर अनुसन्धान कर रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय धनुषा जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।