राष्ट्रनिर्माण के अभिभारा आ अवसर के सदुपयोग कईल जाँव :- प्रम ओली

काठमाण्डु १५ माघ,

प्रधानमन्त्री एवं नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) के अध्यक्ष केपी शर्मा ओली सरकार राष्ट्रियता के बरियार बनावत चौतर्फी तरिका से विकास निर्माण के यात्रा मे अगाडि बढला से एकरा बारेमे कउनो भ्रम आ आशङ्का ना राखे खातिर पार्टी के केन्द्रीय सदस्य के निहोरा कईले बानी ।

इहाँ आजु से शुरु भईल पार्टी के केन्द्रीय कमिटी के दुसरका पूर्ण बईठक मे उद्घाटन सम्बोधन करत प्रधानमन्त्री ओली समृद्धि के खातिर प्रयासरत होके सत्य के खातिर लडेके साहस करेवाला सरकार भईला से ई बारेमे कउनो अन्योल, भ्रम आ आशङ्का रहला पर चिर के जाएके निहोरा कइनी ।

उ अभी लगभग दु तिहाइ के सरकार स्पष्ट सोच के साथ गरीबी, भुखमरी आ पछौटेपन अन्त्य करावत विकास आ समृद्धि के खातिर चाहल निर्णय करे सकेके मजबुत अवस्था मे रहला से कउनो द्विविधा राखल जरुरी ना भईल स्पष्ट कइनी । “नेपाल के नयाँ चरण मे लेजाए खातिर हमनी अग्रसर रहल बानी ।

हमनी निर्वाचन से जनमत लेके सरकार मे आईल कम्युनिष्ट पार्टी बानी । हमनी तेज आर्थिक विकास के गति मे बानी । हमनी अब देश के आत्मनिर्भर बनावे के रास्ता मे क्रियाशील बानी ।

देखल गईल कमजोरी भईला पर सँचियावल जा कसता माकिर आन्दोलन के नोक्सान होखेवाला बात ओरी जाएके ना चाहिं”, कहत उ, “आत्मनिर्भर होत हमनी ऊर्जा आ कृषि उपज निर्यात के चरण मे जाएम । हमनी के काँध मे आईल राष्ट्र निर्माण के ई अभिभारा आ अवसर के उपयोग कईल जाँव ।

एमसिसी सम्झौता जलदी अनुमोदन होखेके पडि’
प्रधानमन्त्री ओली संयुक्त राज्य अमेरिका सँगे तत्कालीन प्रधानमन्त्री शेरबहादुर देउवा के कार्यकाल मे २०७४ साल भादो २९ कईल मिलेनियम च्यालेन्ज कर्पाेरेशन (एमसिसी) सम्झौता मुताविक अमेरिकी अनुदान तथा प्राविधिक सहायता आ नेपाल सरकार के लगानी मे अनेकन आयोजना बनेवाला भईला से एकरा के संसद् से अनुमोदन करेमे देरी करेके ना होखी कहके स्पष्ट कइनी ।

पाँच बरीस से उ सम्झौता के कैयन बुँदा मे सवाल उठला पर भी एकरा के कार्यान्वयन कईला के विकल्प ना भईल जनावत उ, “एमे बहुते विवाद ना करेके पडि । एमे नेपाल के होच्यावेके, अपमान करेके भा हिन्द प्रशान्त रणनीति के सम्बन्ध के बात नइखे । हरेक देश के अनेक अदृश्य स्वार्थ हो सकता ।

ओमे हमनी ना जाईल जाँव । ओइसे हि गईला पर कउनो देश सँगे सम्बन्धै ना राखेके बात भी उठावल जा सकता माकिर हमनी आपन देश के स्वार्थ आ प्राथमिकता देखेके बा ।”

नेपाली भूगाग लिम्पियाधुरा के आपन नक्शा मे समावेश करके भारत से नक्शा सार्वजनिक कईला मे उ काम सुगौली सन्धि के विरुद्ध रहल कहके पहिलका बेर हि लिखित पत्राचार करके पडोसी भारत के निहोरा कईल उल्लेख करत प्रधानमन्त्री ओली ई बारेमे खुद संसद् मे विस्तृतरुप मे राखेके बतवनी ।

उ कहनी कि, “आपसी संवाद के माध्यम से सीमा विवाद के समाधान कईल जा सकता आ उहे प्रयास कर रहल बानी । सरकार से राष्ट्रहित के बेवास्ता करतन । ई राष्ट्रवादी आ सत्य के खातिर लडेके साहस करेवाला सरकार ह । हमनी केहु से भी सार्वभौम समानता के आधार मे बात कईल जा सकता ।”

सरकार के दु बरीस के उपलब्धि के बारे मे जानकारी करावत उ त्रिशूली थ्री ‘ए’ जलविद्युत् आयोजना निर्माण पुरा भईल, टनेल बोरिङ मेशिन से भेरी बबई बहुउद्देश्यीय आयोजना के सुरुङ बनावल, अन्तरराष्ट्रिय विमानस्थलसब के निमार्ण मे तेजी के साथे आउर विमानस्थल के व्यवस्थापन शुरु भईल आ सङ्घीय संसद् भवन लगायत राष्ट्रिय आवासह के निर्माण शुरु भईल बतवनी ।

नेपाल–भारत बीच ४०० केभी प्रसारण लाइन निर्माण शुरु भईल, जनता आवास कार्जक्रम लागू भईल, मेलम्ची खानेपानी आयोजना इहे आर्थिक बरीस भितर पुरा करेवाला किसिम से शुरु कईल, २२८ स्वास्थ्य भवन बनल, भूकम्प के बाद के पुनःनिर्माण से असाधारणरुप से गति लेहल आ ७५३ पुरातात्विक सम्पदा मेसे ३८७ सम्पदा पुनःनिर्माण पुरा भईल बतवनी ।

उ विद्यालय मे समय मे निःशुल्क पाठ्यपुस्तक उपलब्ध करावे के प्रबन्ध भईल, प्राविधिक तथा व्यावसायिक शिक्षा के विस्तार कईल आ स्वास्थ्य बीमा कार्जक्रम विस्तार भईल बतावत कर्मचारी आ श्रमिक के पारिश्रमिक वृद्धि कईल, विद्युतीय सुशासन लागू आ फोरजी सेवा विस्तार कईल, काठमाण्डु के सडक मे बेसहारा रहल आदमी के उद्धार कईल आ खेल क्षेत्र मे प्रोत्साहन कईल जानकारी करवनी । ए

प्रधानमन्त्री ओली पडोसी देश सँगे के सम्बन्ध विस्तारसँगे आउर देश सँगे के सम्बन्ध विस्तार आ सगरमाथा संवाद आयोजना के तइयारी भईला से देश मे लगानी आ पर्यटन वृद्धि होके समृद्धि के खातिर सहजोग पुगेके बतवनी ।उ यती होल्डिङ सँगे नेपाल ट्रष्ट के जमिन आ सम्पत्ति भाडा मे लगावे के काम बितल समय से शुरु भईल उल्लेख करत अभी के सम्झौता आ नवीकरण कानूनसम्मत तथा बजार मूल्यअनुकूल रहल स्पष्ट कइनी ।

अध्यक्ष ओली पार्टी एकता प्रक्रिया के सभी तह मे पूर्णता देके निचलका तह तक परिचालन करेके स्पष्ट मार्गदर्शन देवे खातिर बईठक सफल होखेके अपेक्षा भी जनवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।