सडक डिभाइडर मे गाडी ठोकईला पर १ जने के मृत्यु, तीन जने घायल

वीरगंज १७ माघ
वीरगंज मे बियफे के रात मे भईल सवारी दुर्घटना मे एक जने के मृत्यु भईल बा आ तीन जने घायल भईल बाडन ।
दुर्घटना मे पर के बारा के परवानीपुर गाँवपालिका–५ बहुअरी रहेवाला १६ बरीस के आकाश पटेल के मृत्यु भईल जिल्ला ट्राफिक प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा ।
फेटा गाँवपालिका १ भलुही रहेवाला १७ बरीस के धिरेन्द्र दास, वीरगंज–१० रानीघाट रहेवाला १६ बरीस के सोनु साह आ वीरगंज–१० आदर्शनगर रहेवाला १८ बरीस के ओम पुरी घायल भईल बाडन ।
घायल मेसे धिरेन्द्र के मुडि मे चोट लागल बा आ सोनु के हाथ टुटल नारायणी अस्पताल स्थित प्रहरी बिट जनवले बा । उलोग के नारायणी मे प्रारम्भिक ईलाज के बाद क्रमशः पानी ट्यांकीस्थित न्युरो अस्पताल आ अलि अर्थो अस्पताल मे लेगईल गईल बा । सा
घायल भईल ओम ईलाज के बाद घर फिर्ता भईल बाडन ।
घण्टाघर से पावरहाउस ओरी जा रहल बा १५ च ७७७१ नम्बर के स्कारपियो गाडी रात के करिब साढे १२ बजे के समय मे मुर्लीचोक–नेपाल टेलिकम क्षेत्रिय कार्यालय सडकखण्ड के डिभाइडर मे ठोका के दुर्घटना भईल रहे ।






