रिलाइन्स चिनि कारखाना जनता पशुपंक्षि मारेवाला काम कईले बा

बारा १८ माघ,
बारा के कलैया मे राष्ट्रिय युवा संघ नेपाल जिल्ला कमिटी प्रेस समेलन कर के चिनि कारखाना जनता आ पशुपक्षि मारे के काम कईल जनकारी करवले बा ।
बारा उधोग बाणिज्य संघ के सभा हल मे भईल समेलन मे राष्ट्रिय युवा संघ नेपाल बारा शाखा के संयोजक पुरूषोतम साह प्रेस विज्ञप्त पढत कलैया उपमहानगरपालीका वार्ड नम्वर २४ श्रीपुर के रिलाईन्स सुगर ईन्ट्रष्ट्रीज प्राली काराखाना मे विषाद पानी बगरी नदी मे गिरावला से जनता के सास्ती होरहल बा जनकारी देहनी ।
काराखाना आपन उत्पादन कर के नाफा लेहरहल बा माकीर जनता के क्षति पुगा रहल बा विज्ञापती मे जनकारी देहले बा । चिनि काराखाना उख पेरला पर ओमे से निकलेवाला बिषादीवाला पानी बगरी नदी मे गिरावल गईल बा विज्ञाप्ती मे जनकारी करावले बा ।
नदी मे के पानी विषाद भईला से लाखौ लाख जनता आ पशुपक्षी अउर कृषि मे होखेवाला उत्पादन मे क्षति होरहल जनकारी भईल बा । बगरी नदी के आसपास रहल गाव ब्रहमपुरी, बन्जरीया, प्रस्टोका, बेलही, बैराठपुर, मनगढवा, नवकाटोला, भरवलीया, प्रसौानी, भलुही, कान्तीपुरभरवलीया, छतवा लगायत के क्षति पुगालेहल जवना ना रोकी त आन्दोलन सहित अगाडि बढे के बहनी ।
नदी के नजदिक सटल गाव सब मे मरल आदमी के फुके स्नान करेला पानी ना निमन भईला से सबदिन के ठाव छोड के दुसरा जगह केठाव मे लास फुके के बाधयता परल बा । बगरी नदी के आसपास के गाव मे चौपाया, जीव जन्तु पानी पिई के मरहल रहल विज्ञाप्ती मे जनकारी करावल बा । जनता सब मे आख के वमारी छाला मे विमारी, श्वास्प्रस्वास विमारी फईली रहल विज्ञापती मे बतावल गईल बा ।
पत्रकार समेलन मे अध्यान्नद पाण्ड, मुकेश साह, धुरि साह, फरमुल्लाह अंसारी लगायत के सहभागिता रहल । बारा जिल्ला के समाजीमाक संघ सस्था, स्थानिय सरकार, प्रदेष सरकार, सासद, विधायक, सरोकारवाला जिल्ला नदी नियन्त्रण कार्यालय, कृषि ज्ञान केन्द्र, जिल्ल स्वास्थय, जिल्ला प्रसासन कार्यालय, के युवा संघ ध्यानकर्षण करवले बानी जनकारी देहनी ।
समाज आ प्राकृती मे पडेवाला असर के रोकेला सरेक सहयोगी से पहल करेला अहवान कईले बा । माघ १३ गते फेटा गाउपालीका, १७ गते प्रसौनी गावपालीका जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे पुग के ज्ञापन पत्र बुझा के पानी नदी मे गिरावे से रोक के व्यवस्थापन करेला कहले बा ।





