ठोरी मे जंगली हाथी के आतंक एके रात मे ५ घर भसकवलख

वीरगंज १९ माघ,
चितवन राष्ट्रिय निकुंज से गाँव घुसल जंगली हाथी पर्सा के ठोरी मे आतंक मचवले बा ।
जंगली हाथी शनिचर के रात ठोरी गाँवपालिका–१ आ २ मे करके ५ गो घर भसका के नोक्सानी पुगावल निर्मल ठोरी उपभोकता समिति के अध्यक्ष बालकुमार बस्नेत बतवनी ।
बस्नेत के मुताविक जंगली हाथी ठोरी गाँवपालिका १ चौतारा रहेवाला लालबहादुर तामाङ के घर भसकवले बा । एहितरे ठोरी १ के अरुण तामाङ के घर, समीर गोले के भान्साघर, प्रतापसिंह मोक्तान के घर आ ठोरी गाँवपालिका २ के हरिबहादुर विक के भान्साघर भी भसका के नोक्सानी पुगावल उ बतवनी ।
हाथी स्थानीय के घर मे भण्डारण करके राखल धान तथा मकई खईला के साथे छिट के नोक्सानी पुगावल बतवनी ।
रात भईला के बाद चितवन राष्ट्रिय निकुंज से जंगली हाथी गाँव मे घुस के उपदर मचावे लागला के बाद जनजीवन आतंिकत बनल बस्नेत बतवनी ।
गाँव मे घुस के हाथी घर भसकावत वितण्डा मचावे लागला के बाद सर्वसाधरण के साँझ भईला के बाद घर से बाहर निकलेवाला वातावरण ना भईल बतवनी ।






