सिराहा के सीमा क्षेत्र मे सुरक्षा पोस्ट राखे खातिर भारत के अवरोध

सिरहा १९ माघ,

सिराहा मे भारतीय सीमा सुरक्षा बल(एसएसबी) नेपाली भूमि मे सशस्त्र पुलीस के डिउटी पोष्ट राखेके रोक लगवले बा ।

भगवानपुर गाँवपालिका–४ ठाडीस्थित दशगजा लगे नेपाली भूमि मे सशस्त्र पुलीस बनावे लागल बोर्डर आउट पोस्ट (बीओपी) निर्माण मे उलोग के अवरोध कईले बाडन ।

९.१ मिटर दशगजा (नो म्यान्स ल्याण्ड) से करिब २५ मिटर के दुरी मे सशस्त्र पुलीस डिउटी पोष्ट राखेके खोजले रहलन । शनिचर के दिने एसएसबी के ए कम्पनी लौकहा के इन्सपेक्टर कूलदीप तिवारी नेतृत्व के टोली पोष्ट निर्माण मे अवरोध कईले रहे ।

दशगजा क्षेत्र के संरक्षण अभियान हि सुरु कईल सशस्त्र पुलीस करिब एक महिना पहिले एसएसबी से निर्माण कईल सुरु कईल पोष्ट के काम रोकले रहे ।
दशगजा क्षेत्र मे उलोग ढलान करके पोष्ट निर्माण के काम सुरु कईले रहलन ।

सशस्त्र पुलीस नेपाली भूमि मे पडेके कहत काम रोकवईले रहलन । ओकरा बाद उलोग काम रोकले रहलन । दशगजा क्षेत्र मे हि बजार रहला के चलते सीमा के बारे मे उ क्षेत्र मे समय समय विवाद हो रहल बा ।

उहे समय से विवादित बनल उ क्षेत्र मे सशस्त्र पुलीस आपन पोष्ट राख के नेपाली जमिन के सुरक्षा करेके खोजल गईल रहे । माकिर एसएसबी पोष्ट ना बनावे खातिर कहला के बाद काम रोकल गईल सशस्त्र प्रहरी बल छिन्नमस्ता बाहिनी के प्रमुख सशस्त्र प्रहरी नायब महानिरीक्षक राजु अर्याल जानकारी देहनी ।

‘ठाढी स्थित दशगजा लगे नेपाली भूमि मे डिउटी पोष्ट स्थापना करेके खोजल गईल रहे, भारतीय समकक्षी सुरक्षाकर्मी ना बनावे के कहला के बाद हमनी काम रोकले बानी,’ कहत उ, ‘उलोग के दाबी के बारे मे नापी विभाग मे जानकारी करावल गईल बा ।

नापी के टोली अईला के बाद पोष्ट बनावे के आ ना बनावे के क्लियर होखी ।’
एक महिना पहिले एसएसबी ढलान करके पोष्ट निर्माण करे लागला पर सशस्त्र रोकल बतावत उ फेब्रअरी ४ तारिक मे दुनु पक्ष के सरोकारवाला बइठके निकास निकाले के तइयारी हो रहल बतवनी ।

सञ्चारकर्मी के क्यामरा ना लियावे खातिर धम्की
ई विषय मे समाचार संकलन करे गईल नेपाली सञ्चारकर्मी के टोली के भी एसएसबी के जवानलोग एतवार के दिने धम्कीपूर्ण व्यवहार कईले बाडन ।
राससकर्मी राजु विश्वकर्मा, एभिन्यूज टेलिभिजन के शुभनारायण कामती आ नयाँ पत्रिका के सुरेन्द्र कामती उपर धम्की देहले बाडन ।

नेपाली भूमि मे डिउटी पोष्ट बनईला पर भी भारतीय सुरक्षाकर्मी से रोकल विषय मे बुझे गईला पर एसएसबी के ए कम्पनी लौकहा से सादा पोशाक मे खटल जवान से धम्कीपूर्ण व्यबहार कईल उलोग बतवले बाडन ।

एसएसबी के जवानलोग ‘क्यामरा लेके काहे आईल ? गुप्तचरी करेके खोजले बा ? क्यामरा छिनेम’ कहत धम्र्कीपूर्ण भाषा प्रयोग करत दुर्व्यवहार करेके खोजल नयाँ पत्रिका दैनिक के सुरेन्द्र कामती जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।