बङ्गरी नदी मे चिनि काराखाना के दुसित पानी ना बहावे खातिर बारा प्रजिअ के निर्देशन

प्रभु यादव÷
बारा २० माघ,
बारा के कलैया उपमहानगरपालीका वार्ड नम्वर २४ श्रीपुर मे रहल रिलाईन्स सुगर एण्ड केमिकल्स ईन्डेस्ट्रीज लि. से फुहर पानी बङ्गरी नदी मे बहवावला बन्द करे के प्रमुख जिल्ला अधिकारी फणीन्द्रमणि पोखरेल निर्देशन देहले बानी ।
गाँवपालीका आ बारा के राष्ट्रिय युवा संघ से ज्ञापन बुझावला पर चिनि कारखाना मे अनुगमन करे पुगल प्रमुख जिल्ला अधिकारी पोखरेल के अगुवाई मे पुगल टोली मिल प्रशासन के फुहर पानी के व्यवस्थापन करे के कहले बा ।
एक दिन के समय देत पानी के नदि के ओर राखल मुहान सब बन्द कर के पोखरा खन के पानी जम्मा राखे के सुझाव देहत ना बन्द कईला के वाद कार्वाही करे के जनकारी देहले बा ।
जनता सब से देहल जनकारी के अनुसार मिल के मनोमानी रहल देखल गईल बा जवना के सुधार करे के जनकारी करावल गईल टोली मे अनुगमन करेवाला लोग जनकारी करावले बा । नदि के सफा रहे देवेला माग भईल निवेदन के अधार पर आपने अनुगमन करे आईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी पोखरेल जनकारी देहनी ।
से देहल गईल समय सिमा एक दिन वितला पर आ अटेर कईला के वाद कानुन के अनुसार कार्वही करे के जनकारी करावले बाडन । नदि के पानी से मानव जीवन मे आ पशुपछि के पानी पिये मे समस्य होरहल जवना के समान्य बनावेला मिल के पानी रोक के सफा राखेला काम करे के अधिकारी पोखरेल कहनी ।
अनुगमन मे जिल्ला प्रहरी के प्रमुख, अनुसन्धान के प्रमुख, युवा संघ के जिल्ला संयोजक पुरूषोतम साह, मुकेश साह, पिडित किसान सब के सहभागी टोली रहलन । मिल प्रशासन के अधिकृत मनोहर झा मिल के भित्र से फुअर आ केमिकल मिलल पानी बाहर नदी मे ना पेठावल जारहल जनकारी करावले बाडन ।
परह साल चिनी के छोवा के टंकी फुटल रहल जवना के अवसेस जमिन मे रहल बा सफा पानी पुगला के बादो उ जगह पर लाल देखाई देरहल झा जनकारी देहनी ।
चिनि कारखाना के ईन्जिनियर प्रभात जैसवाल कारखाना से निकलेवाला डसलहरी के एपेन्ड बाँस के पानी हानिकारक होला जवन भित्रे पोखरा खन के चार विगहा जमिन मे राखल गईल बा कहनी ।
ओ एपेन्ड बाँस के जैविक खाद बनावेवाला मे मिलावल जाला जैसवाल जनकारी करावले बानी । कारखाना से एक दिन मे तीन लाख पानी निकलेला जवना मे से करीब दु लाख लिटर पानी बाहर निकाल जाला जनकारी देहनी ।
कवनो केमिकल बाला ना भईल मेसिन के सफाई करे के वेर मे ग्रिस मोबिल लागल पानी निकलेला जवना के पोखरा मे राख के सफाई कईल जाला अउर उ सफाई कईल पानी नदि मे पेठावल जातरहल जनकारी देहनी ।
फुहर पानी के पोखरा मे जम्मा कर के उख मे से निकलल जर पतई के मिसरण भईल खादर मे मिला के जैविक खाद वनावल जारहल जनकारी करावले बानी ।






