महानगर के सभी वार्ड मे फागुन १ गते से दादुरा रुबेला विरुद्ध के खोप लागी

वीरगंज २२ माघ,
वीरगंज महानगरपालिका महानगर के ३२ गो वार्ड मे आवेवाला फागुन १ गते से दादुरा रुबेला विरुद्ध के खोप अभियान संचालन करे लागल जनावल गईल बा ।
महानगर मे फागुन १ से १३ तक २ चरण मे करके दादुरा रुबेला विरुद्ध के खोप अभियान संचालन होखेके बतावल गईल बा । आ
वीरगंज महानगरपालिका के स्वास्थ्य तथा सामाजिक महाशाखा से आयोजना कईल नगर खोप समन्वय समिति, संचारकर्मी आ सरोकारवाला संगे के छलफल तथा बतकही कार्जक्रम मे महाननगरपालिका के स्वास्थ्य तथा सामाजिक महाशाखा के प्रमुख अरुण कुमार महतो खोप अभियान के बारे मे जानकारी करवले रहनी ।
जनमल ९ महिना से ५ बरीस निचे के लइकालइकी के लक्षित करके खोप अभियान संचालन करे लागल महत्तो बतवनी । महानगरपालिका के १ से १६ नम्बर वार्ड मे फागुन १ गते से ३ गते तक आ वार्ड नम्बर १७ से ३२ मे फागुन ४ गते से ११ गते तक खोप अभियान अन्र्तगत १ हजार ६ सय २० जने लइकालइकी के दादुरा रुवेला विरुद्ध के खोप लगावे के लक्ष्य लेहल गईल बा ।
वीरगंज महानगर मे ३२ गो वार्ड मे करके कुल १ सय ५४ खोप केन्द्र रहल आ अभियान अन्तर्गत उ सभी खोप केन्द्र मार्फत हि दादुरा रुवेला विरुद्ध के खोप लगावे के जानकारी देहनी ।
कार्जक्रम मे वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी, उपप्रमुख शान्ति कार्की, ३२ गो वार्ड के वार्ड अध्यक्ष, जनस्वास्थ्य कार्यालय के प्रमुख लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






