आरती साह के न्याय के खातिर जनमत युवा संघद्धारा वीरगंज मे बिरोध प्रदर्शन

वीरगंज ३२ सावन

धनुषा मे दहेज के चलते हत्या भईल कहत आरती साह के न्याय के खातिर जनमत पार्टी के युवालोग वीरगंज मे बिरोध प्रदर्शन कईले बा ।

आरती साह के न्याय के खातिर जनमत पार्टी निकट जनमत युवा संघ वीरगंज महानगर समिति बियफे के सँझिया घण्टाघर चोक मे नाराबाजी करत प्रदर्शन कईले बा । प्रदर्शन मे सहभागी जनमत के युवालोग आरती साह के न्याय दे, दोषी उपर कारबाही कर, आरती साह के परिवारजन से दुव्र्यवहार करेवाला पुलीस के कारबाही कर लगायत के नारा लगवले रहलन ।

बिरोध प्रदर्शन मे जनमत पार्टी के पर्सा जिल्ला संयोजक ओम प्रकाश सर्राफ दहेज के चलते मराईल आरती साह के न्याय के खातिर उनकर नईहर पक्ष के परिवारजन काठमाण्डु के सडक मे ६२ दिन से धर्ना मे रहला पर भी सरकार उलोग के पिडा आ आवाज सुने ना सकल दुःखद भईल बतवनी । दोषीलोग के पकडके कारबाही ना कईला पर जनमत पार्टी देशभर आन्दोलन करेके चेतावनी भी देहनी ।

जनमत युवा संघ के नेता सन्जय सिंह के संयोजकत्व मे भईल प्रदर्शन मे जनमत पार्टी के पर्सा सह–इन्चार्ज मुकेश द्विवेदी, नेतृ करिमा बेगम, युवा नेता कन्हैया झा, राजनारायण मिश्र, विद्यार्थी नेता राजुराज गिरी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

दहेज के चलते आरती साह के हत्या करके फाँसी लटकावल कहत उनक नईहर पक्ष के उजुरी लेवेमे अटेर करत उलटे हमनीसब उपर पिटपाट करेवाला धनुषा के प्रहरी उपरीक्षक विश्वराज खड्का आ प्रहरी नायब उपरीक्षक वेदप्रसाद गौतम के निलम्बन करके कारबाही करेके, जिल्ला न्यायाधिवक्ता, पोस्टमार्टम मे संलग्न डाक्टर उपर अनुसन्धान करके कारबाही करेके, हत्या के सीआईबीद्वारा जाँच होखेके, जाहेरी देहल सभी के कारबाही के दायरा मे लियावेके, पीडित के उचित क्षतिपूर्ति देवेके लगायत माग राखके काठमाण्डु मे नईहर पक्ष वितल ६२ दिन से धर्ना मे बईठल बाडन ।

धनुषा के नगराइन नगरपालिका–८ खिरखिरिया के आरती आ जनकपुरधाम–९ थापाचोक के मोतीबाबु साह बीच २०७८ असाढ २९ मे बियाह भईल रहे । वियाह के कुछ दिन के बाद मरद मोतीबाबु आरती के दहेज के दबाब आ यातना देवे लागल रहलन । बितल जेठ ७ गते आरती घर के कोठरी भितर पंखा मे ओढनी से फाँसी लगावल अवस्था मे मृत मिलल रहली । नईहर पक्ष उनकर आत्महत्या ना होके दहेज के चलते हत्या भईल कहत घटना के निष्पक्ष छानबिन करत दोषीलोग उपर कारबाही के माग करत आईल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।