तिसरका मनहर्वा गोल्डकप २०८० माघ १३ गते से सुरू होई
तिसरका मनहर्वा गोल्डकप २०८० माघ १३ गते से सुरू होई

प्रभु यादव
बारा २८ पुस
बारा के जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १७ मे तिसरका मनहर्वा गोल्डकप माघ १३ गते से सुरू होई आ २० गते फाईनल होई पत्रकार सम्मेलन कर के जनकारी करावल गईल बा ।
मौवादेवी यूवा क्लव बडहर्वा के आयोजना मे होखेवाला खेल मे आठ गो फुटबल क्लव भाग लेवेवाला बा कहके पत्रकार सम्मेलन मे खेलकुद समिति के वसन्त खतिवडा जनकारी करावले बानी । खेल मे नव दुर्गा युवा क्लव सिमरा, हानामी बि.एफ.सि. चितवन, रिगल हेटौंडा रिसोर्ट मकवानपुर, बागमती युवा क्लव सर्लाही, रौतहट एफ.सि. रौतहट, नमस्ते युवा क्लव हरिवन, वीरंगज युनाइटेड क्लव वीरंगज आ आयोजक मौवादेवी युवा क्लव सहित आठ फुटबल क्लव खेल मे सहभागी होई सम्मेलन मे जनकारी करावल गईल रहे ।
फुटबल खेल के प्रतियोगिता करिब २० लाख ८६ हजार दु रोपेया के लागत मे होखेवाला मे प्रथम होखेवाला के दु लाख दुसरा होखेवाला के एक लाख नगद देवेके सम्मेलन मे जनकारी करावल गईल बा ।
खेल मे सहभागी फुटबल क्लव मे से फेयर प्ले के आधार मे सेमिफाइनल से दु टिम मध्ये एक टिम के फेयर प्ले अवार्ड नगद २५ हजार, सर्वोत्कृष्ट खेलाडी पुरस्कार २० हजार, प्रतियोगिता मे सब से अधिक गोल करेवाला के विधागत पुरस्कार नगद १५ हजार, प्रतियोगिता भर मे उत्कृष्ट गोलरक्षक, डिफेन्स, भिड फिल्डर के नगद विधागत पुरस्कार १० हजार, उत्कृष्ट टिम प्रशिक्षक के विधागत पुरस्कार नगद पाँच हजार, हर दिन के उत्कृष्ट खेलाडी प्लेयर अफ दि म्याच नगद दु हजार पाँच सय आ स्थानिय उदययीमान पुरस्कार नगद पाँच हजार के पुरस्कार के व्यवस्था कईल गईल जनकारी करावल गईल रहल रहे ।
फुटबल प्रतियोगिता मे लागेवाला राशि के मुख्य सहयोग जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १८ आ १७ रहल बा उपमहानगरपालिका के बहुते वडा के साथे कुछ व्यक्ति लोग के आर्थिक सहयोग मिल रहल पत्रकार सम्मेलन मे वाग्ले जनकारी करावले बानी ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि वार्ड नम्वर १८ के वार्ड अध्यक्ष चतुरबाबु वाग्ले मानव विकास जबतक ना करल जाई तबतकले भौतिक संरचना के विकास कवनो काम के ना होई जनकारी करावले रहनी । बहुते जवान लोग कुलत दुव्र्यवसनी मे लागरहल बाडन जवना से बचेला खेलकुद मे लगाके बचा सकल जाता अध्यक्ष वाग्ले बतावले बानी ।
पुष्पलाल खतिवडा के सञ्चालन मे भईल कार्जक्रम मे मौवा देवी युवा क्लव के अध्यक्ष निर्मल यादव के सभापतित्व मे भईल ओहमे पत्रकार स्थानिय भरभलादमी आ खेल प्रमी लोग के सहभागिता रहल रहे । मनहर्वा गोल्डकप पहिलका २०६९ आ दुसरका बेर २०७१ मे सम्पन्न भईल रहल रहे ।






