ऐतिहासिक मठमन्दिर के योजना बनाके संरक्षण होखी :- मेयर सरावगी

वीरगंज २२ माघ,
वीरगंज महानगरपालिका के मेयर विजय कुमार सरावगी ऐतिहासिक मठमन्दिरसब के सरक्षण करेके खातिर योजना बना के अगाडि बढ रहल बतवले बानी ।
वीरगंज के रानिघाट मे रहल श्री राम जानकी मन्दिर परिसर मे बनल हनुमान मन्दिर के उदघाटन करत नगर प्रमुख सरावगी अइसन बतवले बानी ।
उ ऐतिहासिक रुप मे रहल विरगंज के रानीघाट के सार्वजनिक जमिन तथा रामजानकि मन्दिर परिसर मे रहल जमिन मे योजना बनाके विकास करेके बतवनी ।
भूमाफियालोग के चलते सार्वजनिक जमिनसब ओरात गईल बतावत स्थानिय निकाय के निर्वाचन के बाद खुदसब सार्वजनिक जमिनसब के सरक्षण तथा सम्बद्र्धन के खातिर अनेकन योजनासब सुरु कईल बतवनी ।
रामजानकि मन्दिर सरक्षण सम्बद्धन समिति के सक्रियता मे वीरगंज महानगरपालिका, वार्ड समिती तथा स्थानियलोग के करिब ३ लाख के आर्थिक सहजोग मे मन्दिर बनल बा ।
कार्जक्रम मे वार्ड अध्यक्ष प्रद्युमन सेढाइ, सरक्षण समिति के अध्यक्ष तारा राउत कुर्मी लगयत के सहभागीता रहल रहे ।






