एसईई के तइयारी खातिर बर्षात एफएम किलास सुरु कईलख

बारा २५ माघ,
बारा के कलैया मे एसईई देवेवाला लइकालइकी के खातिर बर्षात एफएम १०७. ५ मेगाहर्ज तइयारी किलास सुरु कईले बा ।
तइयारी किलास के आजु एगो समारोह के बिच बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी फनिन्द्रमणि पोखरेल उदघाटन करत एसईई के परिक्षा के खातिर कडा मेहनत साथ तइयारी करे खातिर विद्यार्थीलोग के सुझाव देहनी ।
लगनशिल, मेहनती, होके पढला पर बिद्यार्थीलोग से हि डाक्टर, ईन्जिीनियर, मन्त्री, नेता, कलाकार, सिडियो एसपी बनेके निश्चित रहल बतवनी । कार्जक्रम मे बारा नागरिक समाज के अध्यक्ष उमेशलाल दास लक्ष्य बडका लेके अगाडी बढला पर सफलता जरुरी मिली कहत पढाई मे मेहनत साथ अगाडी बढे के सुझाव देहनी ।
एफएम के प्रवन्ध निर्देशक सिकेन्द्र पासवान के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नेपाली सेना के कर्णेल पारस बिक्रम शाह, सशस्त्र प्रहरी उपरिक्षक दिगबिजय सुवेदी, जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा के प्रशासकिय अधिकृत मुरारी कार्की, जिल्ला महिला संजाल के अध्यक्ष बबिता जसवाल, सिम्वाईसिस कलेज के प्रिन्सिपल सफिक महम्द अंसारी, उज्वल कोचिङ के प्रवन्धक दिपेश कर्ण, ग्रेट माउटेन के प्रवन्ध निर्देशक सरफुल्लाह अंसारी, लालमहम्द अंसारी, कलेज अफ ईन्जिीनियरिङ के प्रो. एके दास लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।
एफएम के साबत्री शर्मा से सहजीकरण कईल कार्जत्र mम मे एसईई देवेवाला कलैया उपमहानगरपालिका भितर के करिब ६ सय बिद्यार्थीलोग के सहभागिता रहल जनावल गईल बा ।






