चईत २० गते से कलैया मे व्यापार मेला लागी

प्रभु यादव

बारा १७ फागुन,

कलैया मे चईत २० गते से व्यापार मेला लागे जारहल बा । भ्रम वर्ष के उलक्ष्य मे पहिलका बेर कलैया मे व्यापार मेला लागे जारहल आयोजक संस्था जनकारी करावले बा ।

३० से ३५ लाख तकले के लगानी मे लागेवाला मेला मे ५० से १०० गो दुकान स्टल मे रही । कलैया उपमहानगरपालीका के वार्ड नम्वर ६ मे रहल तरकारी बजार मे लागेवाला व्यापार मेला मे रू ५० रूपेया टिकट राखे के आ ५० लाख दर्शक के मेला मे बोलावे के जनकारी पत्रकार समेलन मे करावल गईल । अंकुश व्याहुत के अध्यक्षता मे भईल जवना के प्रमुख अतिथि किरण विक्रम साह रहल रहनी ।

मेला मे सहजोग द लिड इन्टरनेशनल एण्ड एडभटाइजिङ्ग आ सहकार्य कलैया उपमहानगरपालीका आ उद्योग बाणिज्य संघ के रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।