जिपी कोइराला प्रदेश स्तरीय प्रथम नकआउट फुटबल प्रतियोगिता मे सप्तरी जितल

वीरगंज २५ माघ,

वीरगंज मे जारी प्रदेश स्तरीय फुटबल प्रतियोगिता के सप्तरी जिल्ला फुटबल संघ फाइनल खेल मे जितल बा ।
जिपी कोइराला फाउन्डेसन पर्सा द्धारा जारी जिपी कोइराला प्रदेश स्तरीय प्रथम नकआउट फुटबल प्रतियोगिता मे सप्तरी जितल बा । बीरगंज के आदर्शनगरस्थित रङगशाला मे बारा आ सप्तरी बिच भईल खेल मे २ गोल से सप्तरील जितल बा ।

सप्तरी के जर्सी नम्बर १४ के उज्ज्वल सिह सेवा दुसरका हाफ के १९ वाँ मिनेट मे एक गोल कईले रहनी आ दुसरका गोल जर्सी १६ नम्बर के देवस श्रेष्ठ गोल करेमे सफल भइल रहनी । बारा गोल करेके बहुते प्रयास कईला पर भी कउनो गोल करे ना सकलन ।

खेल के म्यान अफ दी म्याच सप्तरी के दिव श्रेष्ट भईल रहनी आ वेस्ट गोलकिपर रामरुप चौधरी भईल रहनी । माघ १८ गते से हो रहल प्रतियोगिता मे प्रदेश २ के आठ गो जिल्ला के जिल्ला फुटबल टिम भाग लेहले रहे ।
प्रतियोगिता के सप्तरी विजेता टिम के प्रदेश नं. २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत एक लाख ५१ हजार नगद आ उपविजेता बारा टिम के ७५ हजार रोपेया नगद सहित कप आ मेडल देहले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।