आउर १८६ जने मे कोभिड–१९ सङ्क्रमण

काठमाण्डु ५ सावन

देशभर मे आजु आउर १८६ जने मे कोभिड–१९ सङ्क्रमण पुष्टि भईल बा । एकरा सँगे सक्रिय सङ्क्रमित के सङ्ख्या पाँच हजार ३६ पुगल बा ।

स्वास्थ्य तथा जनसङ्ख्या मन्त्रालयद्वारा आजु इहाँ आयोजना कईल नियमित पत्रकार सम्मेलन मे मन्त्रालय के प्रवक्ता डा जागेश्वर गौतम पिछिलका २४ घण्टा मे देशभर के २७ गो प्रयोगशाला मे चार हजार २१६ जने के नमूना परीक्षण कईला पर उ सङ्ख्या मे कोरोना सङ्क्रमण पुष्टि भईल जानकारी देहनी । एकरा सँगे सङ्क्रमित के जम्मा सङ्ख्या १७ हजार ८४४ पुगल बा ।

प्रदेश मुताविक सक्रिय सङ्क्रमित के सङ्ख्या प्रदेश १ मे ९३, प्रदेश २ मे एक हजार ९३३, बागमती प्रदेश मे ३९९, प्रदेश ५ मे ४१०, कर्णाल प्रदेश मे २९९ आ सुदूर पश्चिम प्रदेश मे दु हजार ४१८ रहल बा ।

प्रवक्ता डा गौतम के मुताविक अभी क्वारेन्टिन मे २२ हजार २२८ जने रहल बाडन ।

कोभिड–१९ से सङ्क्रमण मुक्त होके बितल २४ घण्टा मे डिस्चार्ज होखेवाला के संख्या १७३ रहल बा ।

अभी तक डिस्चार्ज होखेवाला के सङ्ख्या ११ हजार ८६८ रहल बा । जम्मा सङ्क्रमित मेसे ६६ दशमलव ५१ प्रतिशत ठिक भईल उ बतवनी ।

हमनी के स्वास्थ्य एप्लिकेशन डाउनलोड करेवाला के सङ्ख्या एक लाख ६१ हजार २० बा । ओमे सक्रिय प्रयोगकर्ता ८७ हजार पाँच बाडन ।

आजु मात्र ८७ जनेले इन्ट्री कईला मे रेड जोन मे एक जने अर्घाखाँची के आदमी पडल मन्त्रालय जनवले बा ।

मन्त्रालय के वेबसाइट देखेवाला आ भाइबर गु्रप मे जुडेवाला के सङ्ख्या उल्लेख्य रहल बा ।
सार्क देश मेसे नेपाल मे परीक्षण दर प्रतिदश लाख मे अफगानिस्तान, बङ्गलादेश, श्रीलङ्का, पाकिस्तान आ भारत से अगाडि रहल प्रवक्ता डा गौतम बतवनी ।

नेपाल मे कोभिड–१९ के चलते मृत्यु होखेवाला के सङ्ख्या बङ्गलादेश, भारत, मालदिभ्स, अफगानिस्तान आ पाकिस्तान से कम बा ।

एहितरे, सङ्क्रमित के सङ्ख्या ५०० से बेसी रहल तीन जिल्ला मे रौतहट, कैलाली आ बाजुरा रहल बा ।

अभी एक जने भी सङ्क्रमित ना भईल जिल्ला मे भोजपुर, पाँचथर, धनकुटा, सङ्खुवासभा, रसुवा, मनाङ आ मुस्ताङ रहल बा ।

आजु देशभर के अनेकन प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे नयाँ सङ्क्रमित मिलल जिल्ला मे सुनसरी, झापा, इलाम, मोरङ, सिराहा, सप्तरी, धनुषा, पर्सा, बारा, काठमाण्डु, सर्लाही, सोलुखुम्बु, ललितपुर, कास्की आ लमजुङ रहल बा ।

एहितरे तनहुँ, स्याङजा, बाँके, रोल्पा, सल्यान, रुकुमपूर्व, दाङ, दैलेख, सुर्खेत, हुम्ला, कालिकोट, डोटी आ कैलाली मे भी नयाँ सङ्क्रमित मिलल मन्त्रालय जनवले बा ।

गाँव घर मे पातर जगहा मे रहला पर कोरोना के जोखिम होखेके कहत सतर्क रहे खातिर प्रवक्ता डा गौतम सभी के निहोरा कइनी ।

उनका मुताविक वर्षातत के चलते अनेकन सरुवा बेमारी के जोखिम रहल बा ।

उ कहनी कि, “वर्षातत के चलते पानी प्रदूषित होके सरुवा रोग हो सकेवाला भईला से सभी के सजग होखेके पडल ।”

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।