तरुण दल पर्साद्वारा वीरगंज मे बिरोध प्रदर्शन

वीरगंज २६ माघ,
नेपाली कांग्रेस निकट के तरुण दल पर्सा लगायत अनेकन भातृ संगठनसब आजु वीरगंज मे विरोध प्रदर्शन कईले बाडन ।
बालुवाटार के जमिन प्रकरण मे नेकपा नेता के उन्मुक्ति आ दोसर राजनैनितक दल के बदनियत आ प्रतिशोधपूर्ण मुद्दा लगावे के निर्णय अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग से भईल कहत कांग्रेस निकट के भातृ संगठनसब वीरगंज मे विरोध प्रदर्शन कईले बाडन ।
वीरगंज के घण्टाघर से निकलल विरोध जुलुश माईस्थान, महाविरस्थान, आदर्शनगर, घडिअर्वा होत फेनु घण्टाघर मे पुग के कोण सभा भईल रहे ।
बिरोध जुलुश मे सहभागिलोग स्वतन्त्र आ निष्पक्ष न्याय कर, निर्दाेष के फँसावे के ना मिली, काण्डे काण्ड के सरकार ना चाहिं, भ्रष्ट सरकार ना चाहिं लगायत के नारा लिखल प्ले कार्ड सहित नाराबाजी कईले रहलन ।
तरुण दल पर्सा के आयोजना मे भईल विरोध प्रदर्शन मे नेपाली कांग्रेस पर्सा के कोषाध्यक्ष इमतियाज आलम, तरुण दल के नेता सहरुम राउत गद्दी, हुकुम सिंह, कालु सिंह, राजु गुप्ता, नेवि संघ के पूर्व केन्द्रिय सदस्य बद्री तिवारी, तरुण दल पर्सा के सचिव विवेक चौरसिया, विद्यार्थी नेता बिकास तिवारी, रोशन सिंह, मुनराज तिवारी, राज चौरसिया लगायत नेवि संघ, महिला संघ, किशान संघ लगायत के नेपाली कांग्रेस निकट के भातृ संगठन के नेता तथा कार्यकर्तालोग के सहभागिता रहल रहे ।






