प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री कार्यालय मे ताला लगावे के सांसद के चेतावनी

जनकपुरधाम २७ माघ,
बितल आर्थिक बरीस २०७५÷०७६ मे पुरा भईल योजना के पइसा अभी तक भुक्तानी ना भईल विरोध मे प्रदेश २ के सांसद मुख्यमन्त्री के कार्यालय मे तालाबन्दी करेके चेतावनी देहले बाडन ।
कुछ सांसद के प्रदेशसभा मे बईठल बईठक से भुक्तानी के खातिर मुख्यमन्त्री के पाँच दिन के अल्टिमेटम देवेके आ उ समय भितर भुक्तानी ना कईला पर मुख्यमन्त्री तथा मन्त्री परिषद् के कार्यालय मे ताला लगावे के निर्णय कईले बाडन ।
प्रतिपक्षी नेकपा आ कांग्रेस के साथे सत्तारुढ समाजवादी आ राजपा के भी सांसदलोग के सहभागिता रहल बईठक से सरकार के अल्टिमेटम देवेके तय भईल बा । भुक्तानी होखेके बाँकी योजना के पईसा उपलब्ध करावे खातिर मुख्यमन्त्री के ज्ञापन बुझावे के तइयारी कईल राष्ट्रिय जनता पार्टी (राजपा) के सांसद विदेश्वर यादव “विक्की” बतवनी ।
ज्ञापन बुझावला के पाँच दिन भितर भुक्तानी ना कईला पर मुख्यमन्त्री के कार्यालय मे तालाबन्दी करेके उ बतवले बानी ।
प्रदेश २ मे आर्थिक बरीस २०७५÷०७६ मे पुरा कईल ८ सय ४२ गो योजना के करिब ८३ करोड रोपेया अभी भी भुक्तानी होखेके बाँकी बा ।
सभामुख सरोजकुमार यादव नेतृत्व के समिति से छानबिन कईला पर बहुते योजना के रकम भुक्तानी होखेके बाँकी रहल मिलल रहे । छानबिन के बाद भुक्तानी देवे खातिर सरकार के निर्देशन देहला पर भी भुक्तानी ना भईला के बाद सांसदलोग प्रदेशसभा के बईठक भी बईठे नइखन देहले ।
सांसद से मात्र ना होके योजना पुरा कईल उपभोक्ता समिति से भी प्रदर्शन करत आईल बाडन ।
उपभोक्तालोग मुख्यमन्त्री तथा मन्त्रीलोग के तस्वीर भईल व्यानर मे जुत्ता प्रहार करेके काम भी कईले बाडन । मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत कुछ दिन पहिले प्रदेशसभा के दुसरका वार्षिक उत्सव मे मन्त्रीलोग जथाभावी रुप मे मौखिक रुप मे काम के अख्तियारी देहला से भुक्तानी के समस्या देखल गईल बतवले बाडन ।
कर्मचारीलोग लिखित अख्तियारी बिना योजना बाँटला से आर्थिक नियमावली मुताविक बितल बरीस काम भईल कैयन आयोजना के भुक्तानी देवे ना सकेके बतावत आईल बाडन ।उल्थाःअनलाईन






