ठोरी गा.पा. अध्यक्ष श्रेष्ठद्धारा सामुदायिक भवन के शिलान्यास

पोखरिया २८ माघ,
पर्सा के ठोरी गाँवपालिका के आठ घरे मे आजु एगो कार्जक्रम के बिच सामुदायिक भवन के शिलान्यास कईल गईल बा ।
गाँवपालिका अध्यक्ष पदमलाल श्रेष्ठ बिधवत रुप मे पुजापाठ करक सामुदायिक भवन के शिलान्यास कईले बानी । गाँवपालिका के सहजोग मे १५ लाख के लागत मे उ भवन बन रहल जनावल गईल बा ।
कार्जक्रम मे वार्ड अध्यक्ष बशिबहादुर पाख्रिन, पुजा करावेवाला भक्तु लामा, नातिकाजी सुनुवार लगायत स्थानियबासी के सहभागीता रहल रहे ।






