२० हजार मास्क सहित पर्सा मे २ जने पकडईलें

वीरगंज ०५ चईत,
पर्सा मे २० हजार मास्क सहित पुलीस दु जने के पकडले बा । पकडाएवाला मे छिपरमाई गाँवपालिका–५ के ३८ बरीस के सुलिन जैसवाल आ २६ बरीस के अजय महतो कोइरी रहल बाडन ।
काठमाण्डु से पर्सा के भिष्वा जाएवाला बस मे मास्क लेके जा रहल उ लोग के इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया से खटल पुलीस टोली बुध के दिने नियन्त्रण मे लेहले बा ।
काठमाण्डु से मास्क किन के भारत मे बिक्री करे लेजाए लागल सूचना के आधार मे उलोग के नियन्त्रण मे लेहल गईल पुलीस जनवले बा । दुनु जने उपर अनुसन्धान हो रहल बा ।






