छिपहरमाई गाँवपालिका वार्ड नं. २ पुर्ण खोप घोषणा

पोखरिया २९ माघ,

पर्सा जिल्ला के छिपहरमाई गाँवपालिका वार्ड नं. २ सम्भौता के आजु एगो समारोह के बिच पूर्ण खोप वार्ड घोषणा कईल गईल बा ।

ई वार्ड मे रहल दु बरीस निचे के ३१० गो लइकालइकी के स्वास्थ्य चौकी सम्भौता के जनानी स्वयं सेविकालोग के सहजोग मे अनमी आ अहेबलोग घर—घर मे पुग के पूर्ण खोप लगईला के बाद आजु वार्ड के पुर्ण खोप वार्ड घोषणा कईल गईल बा ।

स्थानिय स्वामित्व आ सहभागिता पुर्ण खोप सुनिश्चित्ता हमनी के प्रतिवद्धता कहके नारा के साथ छिपहरमाई गाँवपालिका वार्ड नं २ सम्भौता मे रहल स्वास्थ्य चौकी के प्राङ्गण मे वार्ड के पूर्ण खोप वार्ड घोषणा कईल गईल बा ।

कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि छिपहरमाई गाँवपालिका प्रमुख प्रसासकिय अधिकृत देवनाथ साह ममबती बारके कार्जक्रम के उदघाटन करत घोषणा पत्र पढ के पुर्ण खोप घोषणा कईले रहनी ।

कार्जक्रम सम्बोधन करत साह खोप के बारे मे खास करके १३ से २३ महिना के लइकालइकीसब पूर्ण खोप ना मिलला पर अनेकन किसिम के बेमारी होत अईला से सभी पिडितलोग के एकरा उपर ध्यान देवे खातिर निहोरा कइनी ।

गाँवपालिकासब से सकेभर के सहजोग करेके प्रतिबद्धता जनावत जनानी स्वास्थ्य स्वमसेवीका लोग के स्वयं सम्मान बाहेक कउनो सेवा ना रहल बतवनी । जनानी स्वास्थ्य स्वमसेबीकालोग के स्वास्थ्य के साथे शिक्षा मे भी सहजोग करे खातिर निहोरा कइनी । छिपहरमाई गाँवपालिका के एक हप्ता भितर पूर्णखोप घोषणा करेके दाबी कइनी ।

वार्ड अध्यक्ष महेन्द्र साह कलवार के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे समसुल मियाँ , वार्ड अध्यक्ष बिनोद साह कानु, मौजीलाल साह, जिल्ला समन्वय समिति पर्सा के सदस्य सुबास साह, पुर्व गाबिस अध्यक्ष पहलाद गुप्ता, कमल दास तत्वा, गाँवपालिका स्वास्थ्य संयोजक शम्भु साह, स्वास्थ्य चौकी सम्भौता के प्रमुख श्यामबाबु प्रसाद यादव, अहेब गणेश महतो, शम्भु दास, रामशंकर यादव, नर्श सरोज दास, अनमी मिरा चौरसिया, रामभरोस साह, जयमंगलापुर स्वास्थ्य चौकी के प्रमुख मुन्ना कुमार साह लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

पुर्णखोप घोषणा करावे मे सहजोग करेवाला लोग के दोसाला सहित प्रमाणपत्र से सम्मान कईल गईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।