पर्सा मे आगी ताप रहल समय खातुन जर के घायल
वीरगंज ०४ फागुन,
घुर तापेके समय मे पर्सा के छिपहरमाई गाँवपालिका – ५ भिस्वा मे एक जनानी जरके गम्भीर घायल भईल बाडि । स्थानीय ५० बरीस के सायरा खातुन जरके गम्भीर घायल भईल बानी । घायल सायरा के ईलाज के खातिर नारायणी अस्पताल मे लियावल गईल बा ।
पहिले से हि बेमार रहल उ आजु सबेरे घुर मे आगी तापके समय आगी से जरल बतावल गईल बा । आर्थिक अवस्था कमजोर रहला के चलते मियाँ परिवार आगी से जरला के बाद भी सायरा के ईलाज के खातिर स्वास्थ्य संस्था ना लेगईल रहलन । स्था
ताराचन्द पण्डित के पहल मे छिपहरमाई गाँवपालिका प्रमुख मनोज गुप्ता एम्बुलेन्स के व्यवस्था करवला के बाद उनका के नारायणी लियावल गईल रहे ।
“सबेरे रजाक मियाँ के मेहरारु आगी से जरल जानकारी मिलल, उ बेमार रहनी । १० बजे के समय जाके देखला पर ना एम्बुलेन्स के व्यवस्था रहे ना गाडी भाडा करके अस्पताल लियावे के अवस्था रहे । एकर मुख्य कारण पईसा रहे” कहत उ “आँगन मे पाल पर सुता के बेना हाँक रहल रहलन । बेमार रहला से उल्टी करत रहनी ।”
उ गाँवपालिका अध्यक्ष के फुन करके एम्बुलेन्स के व्यवस्था कईल बतवनी । नारायणी मे अभ्यास के खातिर गईल हिमाल इस्टिच्युट अफ हेल्थ साइन्स मे एचए अध्ययनरत विद्यार्थीलोग नास्ता खर्च से पईसा जोगा के सहजोग कईले बाडन । आर्थिक समस्या के चलते दवाई किने ना सकल जानकारी के बाद नास्ता के पईसा बँचा के ५ सय रोपेया सहजोग कईल उलोग बतवले बाडन ।
पण्डित के मुताविक मियाँ परिवार गरिब भईला के चलते ईलाज के खातिर आउर आर्थिक समस्या हो रहल बा । रजाक मियाँ सायरा के ईलाज के खातिर सहजोग करेला निहोरा कईले बानी ।






