सांसद उपाध्याय के निधन से अपूरणीय क्षति :- सभापति देउवा

काठमाण्डु ५ फागुन
नेपाली काँग्रेस के सभापति शेरबहादुर देउवा राष्ट्रियसभा के सांसद एवं पार्टी के महाधिवेशन प्रतिनिधि दुर्गाप्रसाद उपाध्याय के निधन से राष्ट्र आ पार्टी के अपूरणीय क्षति पुगल बतवले बानी ।
काँग्रेस संसदीय दल से आजु इहाँ आयोजना कईल श्रद्धाञ्जलिसभा मे उ स्व उपाध्याय गाँव मे जनता सँगे काम करे के रुचावेवाला नेता भईल स्मरण करत उनकर निधन से पार्टी के अपूरणीय क्षति पुगल बतवनी । राष्ट्रवादी आ प्रजातन्त्रवादी छवि के नेता उपाध्याय नेपाल के लोकतान्त्रिक आन्दोलन आ पार्टी के सङ्गठन मे सक्रिय योगदान पुगावल सभापति देउवा उल्लेख कइनी ।
श्रद्धाञ्जलिसभा मे काँग्रेस महामन्त्री डा शशाङ्क कोइराला उपाध्याय के निधन से मर्माहित बनावल बतावत राजनीतिक आ सामाजिक क्षेत्र मे कईल योगदान के चलते उनकर हरदम चर्चा होखेके उल्लेख कइनी । पार्टी के कोषाध्यक्ष सीतादेवी यादव अल्पायु मे निधन भईल उपाध्याय आपन जीवनकाल मे कईल राजनीतिक आ सामाजिक योगदान अविस्मरणीय रहल बतवनी ।
राष्ट्रियसभा के प्रमुख प्रतिपक्षी दल के नेता सुरेन्द्रराज पाण्डे स्व उपाध्याय केन्द्र से जिल्ला मे जनता के विकास निर्माण के काम मे व्यस्त रहत आईल उल्लेख करत तराई क्षेत्र मे बडका प्रभाव भईल नेता काँग्रेस से गुमईला पर पार्टी के अपुरणीय नोक्सानी पुगल बतवनी ।
काँग्रेस के प्रमुख सचेतक बालकृष्ण खाण प्रजातान्त्रिक आन्दोलन आ पार्टी सङ्गठन मे बडका योगदान कईल होनाहार नेता पार्टी से गुमावल उल्लेख करत उपाध्याय प्रतिकूल अवस्था मे भी जिल्ला मे रहके पार्टी सङ्गठन के खातिर कईल योगदान स्मरण कइनी । सार्वजनिक लेखा समिति के सभापति एवं काँग्रेस नेता भरत शाह मधेश के खम्बा, जुझारु पार्टी के नेता गुमावेके पडला पर मर्माहत भईल बतवनी ।
क्यान्सर बेमारी से पीडित सांसद उपाध्याय के ईलाज के समय मे गृहजिल्ला रुपन्देही मे इहे फागुन २ गते निधन भईल रहे । विसं २०२६ मे जनमल उपाध्याय विसं २०४६ साल के जनआन्दोलन से काँग्रेस मे सक्रिय रहत आईल रहनी । विसं २०५४ के स्थानीय निर्वाचन मे रुपन्देही के साविक मधुवनी गाविस मे उ उपाध्यक्ष पद मे निर्वाचित भईल रहनी आ उपाध्याय काँग्रेस के १२ वाँ आ १३ वाँ महाधिवेशन कार्यकाल क्षेत्रीय सभापति भी रहनी ।
विसं २०७४ मे उ काँग्रेस के ओरी से प्रदेश नं. ५ से राष्ट्रियसभा के सदस्य मे निर्वाचित भईल रहनी । सामाजिक क्षेत्र मे भी योगदान कईल उ अभी लुम्बिनी विकास कोष के कार्यकारिणी सदस्य तथा अनेकन समाजिक सङ्घसंस्था मे संलग्न रहत आईल रहनी । श्रद्धाञ्जलिसभा से उपाध्याय के निधन मे शोक प्रस्ताव पारित कईले रहे ।






