वीरगंज मे स्वामी विवेकानन्द ज्ञान परिक्षा

वीरगंज ०८ फागुन,
‘‘आदर्श बिद्यार्थी हि आदर्श नागरिक बनिहन, संस्कार आ संस्कृती हि राष्ट्र के प्राण ह” कहके नारा के साथ हिन्दु स्वयंसेवक संघ नेपाल आजु वीरगंज मे स्वामी विवेकानन्द संस्कृति ज्ञान परिक्षा पुरा कईले बा ।
वीरगंज के सिद्धार्थ माध्यमिक विद्यालय मे आयोजना कईल परिक्षा मे सनलाईट मावि के किलास ७ के विद्यार्थी निरन्जन कुमार गुप्ता प्रथम भईल बाडन ।
उनका के नगद २१ हजार आ सम्मान पत्र देहल गईल बा । परिक्षा मे माईस्थान विद्यापिठ मावि के किलास ९ के विद्यार्थी सुष्मा पाण्डे दुसरका आ माईस्थान विद्यापिठ के सुनिल कुमार चौरसिया तृतिय भईल बाडन । दुनु जनेके क्रमशः १५ हजार ५ सय आ ११ हजार ५ सय नगद सहित सम्मान कईल गईल रहे ।
एहितरे सान्तावना होखेवाला सिद्धार्थ मावि, गौत्तम मावि, तेजस एकेडमी, नेशनल एकेडमी आ वीरगंज एकेडमी के ५१ जने लइकालइकीसब के जनही नगद १ हजार १ सय रोपेया नगद आ सम्मान पत्र प्रदान से सम्मान कईल गईल रहे । के बाद आयोजना कईल कार्जक्रम मे वीरगंज महानगरपालिका के मेयर विजय कुमार सरावगी आ हिन्दु स्वंयम सेवक संघ के राष्ट्रिय सह प्रचारक रेवित कुमार नगद तथा सम्मान पत्र से सम्मान कईले रहनी ।
कार्जक्रम मे हिन्दु स्वंयम सेवक संघ के राष्ट्रिय सह प्रचारक रेवित कुमार कउनो भी धर्म, समाज, भा विचार महान भईला पर भी उनकर अनुवायीलोग उ धर्म, समाज भा विचार के नयाँ पिढि मे लागु करावे ना सकि तबतक एकर उत्थान ना होखी आ संरक्षण बिना पृथ्वी से धर्म संस्कृति हि समाप्त होखी कहके बतवनी ।
परिक्षा मे वीरगंज के ३८ गो निजि तथा सामुदायिक विद्यालय के करिब १ हजार ८ सय विद्यार्थीलोग के सहभागीता रहल रहे ।
सिद्धार्थ मावि के प्रधानाध्यापक राजेश पाण्डे के संयोजक मे भईल कार्जक्रम मे हिन्दु स्वंयसेवक संघ पर्सा के संघचालक ललन द्विवेदी, पशुपति शिक्षा मन्दिर के अध्यक्ष अशोक बैद्य, विश्व हिन्दु परिषद के महासचिव जितेन्द्र सिंह, संघ के प्रचारक रंजित साह, कृष्ण चौरसिया लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






