जनानी के फुन कर के कहुँचावेवाला दु जने पकडईलें

बारा १० माघ,

फुन करके जनानी के कहुँचावेवाला दु जने के पुलीस पकडले बा । बारा के देवताल गाँवपालिका– २ रहेवाला २० बरीस के अखिलेश यादव आ भारत बिहार पूर्वी चम्पारण मोतिहारी जिल्ला घोडासहन थाना रहेवाला १८ बरीस के इन्दल यादव पकडाईल बाडन ।

पुस २० गते से खुद के फुन करके कहुँचावल आ अपशब्द प्रयोग कईल कहके कलैया उपमहानगरपालिका– १८ के एक जनानी उजुरी देहला के बाद उलोग के पकडल गईल पुलीस जनवले बा ।

फुन करके कहुँचावेके आ बेर बेर अपशब्द प्रयोग करके धम्की भी देहल उजुरी के आधार मे उलोग के पकडल गईल डिएसपी गौतम मिश्र जानकारी देहनी । उलोग के पुलीस कलैया–१ से नियन्त्रण मे लेहले रहे ।

जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा से अभद्र व्यवहार मुद्दा मे ७ दिन के म्याद लेके उलोग उपर आउर अनुसन्धान हो रहल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।