गलत काम करेवाला के कानुनी कठघरा मे लियावल जाई :- आईजीपी ज्ञवाली

वीरगंज ११ फागुन,

नेपाल पुलीस के प्रहरी महानिरीक्षक (आईजीपी) ठाकुरप्रसाद ज्ञवाली स्वार्थ भा प्रलोभन मे पर के गैरव्यावसायिक काम करेवाला जे केहु के भी कानुन के कठघरा मे लियावे के बतवले बानी ।

बारा, पर्सा आ रौतहट जिल्ला तथा मातहत कार्यालयसब मे कार्यरत प्रहरी कर्मचारी के प्रदेश नम्बर २ ट्राफिक प्रहरी कार्यालय पथलैया मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे निर्देशन देत ज्ञवाली अइसन बतवले बानी । राज्य आ पुलीस संगठन से सोंचल जइसन एवं आमनागरिक से खोजल जइसन उत्कृष्ट प्रहरी सेवा प्रवाह कईल पुलीस कर्मचारी के दायित्व रहल उनकर कहनाम बा ।

प्रहरी समाज के अभिन्न अंग भईला से आमनागरिक के व्यावसायिक एवं सहज रूप मे सेवा प्रदान करेके उल्लेख करत ज्ञवाली कहनी कि, “उत्कृष्ट सेवा के प्रतिफल स्वरूप नागरिक से मिलल स्याबासी हि हमनी के ऊर्जा ह । ओहिसे नागरिक सेवा के केन्द्र मे राख के आउर उत्कृष्ट सेवा देवेके ओरी सभी पुलीस कर्मचारीलोग केन्द्रित आ दृढ रहेके पडि” कहके बतवनी ।

प्रहरी कर्मचारीलोग उच्च आचरण आ व्यवहार के नमुना बनो कहके आपन चाहना रहल आईजीपी ज्ञवाली बतवनी । संगठन विरुद्ध लागेवाला जे केहु भी सजाय के भागिदार होखेके पडि माकिर असल नियत से सभी के हित के खातिर संगठन के नीति मुताविक कईल बातसब के संरक्षण संगठन से करेके उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।