कांग्रेस से निर्वाचित वार्ड सदस्य सहित सयो जने जसपा मे प्रवेश कईलें

मेवालाल यादव
रौतहट २९ माघ
रौतहट मे आजु बहुते संख्या मे नेता कार्यकर्तालोग नेपाली कांग्रेस छोड के जनता समाजवादी पार्टी मे प्रवेश कईल बाडन ।
नेपाली कांग्रेस से वार्ड सदस्य मे निर्वाचित एक जने वार्ड सदस्य सहित सयो जने नेता कार्यकर्ता आजु जनता समाजवादी पार्टी मे प्रवेश कईले बा ।
रौतहट के सदरमुकाम गौर मे आजु आयोजना कईल जनता समाजवादी पार्टी के अगुवा कार्यकर्ता भेटघाट कार्जक्रम मे जिल्ला के गढिमाई नगरपालिका ६ पकहा धर्मपुर घर भइल नेपाली कांग्रेस से वार्ड सदस्य मे निर्वाचित महेन्द्र यादव सहित के लोग जनता समाजवादी पार्टी मे प्रवेश कईले बाडन ।
कांग्रेस से बितल स्थानीय तह के निर्वाचन मे वार्ड सदस्य मे निर्वाचित एवं वितल समय मे कार्यवाहक वार्ड अध्यक्ष के जिम्मेवारी निर्वाह कईल महेन्द्र यादव के नेतृत्व मे सयो जने कांग्रेस परित्याग करके जसपा मे प्रवेश कईले बाडन ।
कांग्रेस से देश के विकास असम्भव रहला से खुद जनता समाजवादी पार्टी मे प्रवेश कईल नव प्रवेशीलोग बतवले बाडन ।
जनता समाजवादी देश के बैकल्पिक शक्ति के रुप मे उदय भईल आ आवेवाला दिन मे जसपा हि देश के नेतृत्व करेवाला भईला से खुद जसपा मे प्रवेश वार्ड सदस्य महेन्द्र यादव बतवनी । नवप्रवेसीलोग के जनता समाजवादी पार्टी का कार्यकारिणी समिति सदस्य एवं पुर्व मन्त्री महेन्द्र यादव टिका माला पहिना के पार्टी प्रवेश करवले बानी ।
कार्जक्रम मे समाजवादी युवा संघ के केन्द्रिय अध्यक्ष एवं प्रदेश २ सरकार के भूमि व्यवस्था कृषि तथा सहकारी राज्य मन्त्री योगेन्द्र यादव, प्रदेश २ के विकास समिति के सभापति एवं प्रदेश सांसद शेख फुलबाबु, प्रदेश सांसद बाबुलाल साह, किशोरी यादव, जसपा के रौतहट जिल्ला अध्यक्ष तथा देवाही गोनाही नगरपालिका के मेयर धर्मेन्द्र पटेल, जिल्ला इन्चार्ज वृज किशोर यादव, माधवनारायण नगरपालिका के मेयर विरेन्द्र यादव, नेता राम प्रवेस दास, श्याम विहारी यादव लगायत के अनेकन नेता कार्यकर्तालोग के सहभागीता रहल रहे ।






