वीरगंज महानगर सवारी साधन मे अनावश्यक कर लेरहल बा :- व्यवासायी

वीरगंज १४ फागुन,

वीरगंज महानगरपालिका सवारी व्यवस्थापन सेवा शुल्क के नाम मे मनमौजी तरिका से कर अशुली करे लागल व्यवसायीलोग सिकाईत कईले बाडन । वितल समय मे “पटके सवारी कर” के रुप मे ठेक्का लगावत अईला मे ओमे रोक लागला के बाद महानगरपालिका सवारी व्यवस्थापन सेवा कहके कर असुली करे लागल बा ।

महानगरपालिका मे प्रवेश करके दोसर जगहा ढुवानी होखेवाला सभी किसिम के सवारी साधन (मालबहाक, इन्धन बहाक तथा आउर) मे प्रवेश शुल्क आ महानगरपालिका क्षेत्र मे बिक्री होखेवाला पेट्रोलियम पदार्थ मे प्रतिलिटर ०.२५ पईसा के दर से शुल्क अशुल कईला के बाद संघीय मामिला तथा सामान्य प्रशासन मन्त्रालय २०७५ सावन ४ गते कानून विपरित कर महसुल शुल्क असुल ना करेके, ना करावेके कहले रहे ।

अन्तर वित्त व्यवस्थापन ऐन २०७४ के दफा ३ के उपदफा ५ मे स्थानीय तह कर लगईला पर बस्तु तथा सेवा के ढुवानी प्रतिकुल ना होखेवाला किसिम से कर लगावेके उल्लेख बा ।

ओकरा बाद महानगरपालिका चालू आव २०७६÷०७६ के २१३ दिन के खातिर सवारी व्यवस्थापन सेवा शुल्क नाम देके नयाँ ठेक्का लगवले बा । ठेक्का वीरगंज–२१ के वार्ड अध्यक्ष हबिब मियाँ के बेटा एजाजुल मियाँ के नाम मे दर्ता रहल एच एन्ड जे ट्रेडर्स लेहले बा ।

शुल्क रकम भी स्वदेशी गाडी के ४५ रोपेया से बढा के सवारी प्रकृति मुताविक १ सय रोपेया से २ सय तक आ विदेशी गाडी के हक मे ३ सय तक, भाडा के कार, जिप, टेम्पो, ई–रिक्सा, मिनी बस, बस मे भी १ सय रोपेया कर लगावल गईल बा । माकिर ठेकदार कम्पनी गाडी अईला पर भारु १ सय रोपेया असुली कर रहल सिकाईत भारतीय कईले बाडन ।

नियम मुताविक त्रिभुवन राजपथ, व्यापारिक मार्ग मे महानगरपालिका के शुल्क उठावे ना मिली । महानगरपालिका तोकल १८ गो कर असुलेवाला जगहा मेसे अधिकांश राजमार्ग मे पडल देखल गईल बा ।

सम्झौता मुताविक गण्डक नहर, ड्राइपोर्ट चोक, शंकराचार्य गेट के उत्तर ओरी, एकीकृत चेक पोस्ट, भिस्वा चोक के सडक, रेल्वे लाइन सडक, लक्ष्मनवा नहर के बगल आ नगवा गाँव के दक्षिण पूर्व के सडक, मिलनचोक, रानीघाट पुल, श्रीसिया छोटी भन्सार, ल्यान्ड साइट फिल्ड, परवानीपुर ६ लेन सडक, बाइपास के प्रथम, दुसरका सडक, परवानीपुर, अम्बे सिमेन्ट जाएवाला सडक, हिमाल आइरन गेट, छाता पिपरा चौक से पश्चिम जगदम्बा सिमेन्ट प्राली जाएवाला सडक, वार्ड नं. ३२ अन्तर्गत परसवा जाएवाला सडक, जगरनाथपुर ६ लेन सडक से कर उठावेवाला जगहा तोकल गईल बा ।

पेट्रनोलियम पदार्थ व्यवसायी तथा बडका गाडीधनीलोग सवारी व्यवस्थापन शुल्क खारेज करेके माग रखले बाडन । उलोग समस्या समाधान के खातिर वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के पहल करे खातिर निहोरा कईले बाडन । वीरगंज महानगरपालिका निजी क्षेत्र से समन्वय एवं सहकार्य ना करके हचुवा के भर मे सवारी व्यवस्थापन शुल्क लागु कईल व्यवसायी सुरेश रुंगटा बतवनी । “राजश्व परामर्श समिति के बईठक मे बोलवले रहलन, सवारी व्यवस्थापन शुल्क लेवेके बात मे असहमति जनावत नोट अफ डिसेन्ट लिखले रहनी,” कहत उ, “अभी त ठेक्का लगा के असुल करे लागल बाडन । परामर्श समिति के बईठक मे बोला के औपचारिकता मात्र पुरा कईल उनकर कहनाम बा ।
वीरगंज महानगरपालिका क्षेत्राधिकार से बाहर त्रिभुवन राजमार्ग आ वीरगंज–पथलैया व्यापारिक मार्ग से भी पटके रुप मे सवारी व्यवस्थापन शुल्क के नाम मे कर संकलन कर रहल वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के महासचिव माधव राजपाल बतवनी ।

वीरगंज महानगरपालिका से लगावल सवारी व्यवस्थापन शुल्क के खारेज करेके माग सहित व्यवसायी जिल्ला प्रशासन कार्यालय भी पुगल रहलन । वीरगंज महानगरपालिका से शुल्क असुल करे खातिर लगावल ठेक्का मिलल ठेकेदारलोग जान अनजान मे खुद से संकलन करेवाला क्षेत्र पार करके शुल्क असुली कर रहल, अनावश्यक रुप मे सवारी चालक, सह–चालकलोग से झोंझ लगावे के आ अनावश्यक रुप मे शुल्क असुली कईला पर व्यवसायीलोग के आर्थिक भार पर रहल सिकाईत उलोग के बा । उलोग समस्या के बारे मे जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के भी ध्यानाकर्षण करवले बाडन ।

वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के अध्यक्ष गोपाल केडियाद्वारा हस्ताक्षरीत ज्ञापन पत्र प्रशासन के बुझावत उलोग शुल्क असुल करे खातिर खटल ठेकेदारलोग के व्यवस्थापन करेके तथा शर्त से बाहर जाके जबरजस्ती शुल्क असुल करेवाला ठेकेदारलोग उपर कारवाही करेके माग रखले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।