प्रथम पर्सा गोल्डकप मे हेटौंडा जितल

वीरगंज १४ फागुन,

पर्सा के बढनिहार मे सञ्चालित प्रथम पर्सा गोल्डकप २०७६ के उपाधी हेटौंडा फुटबल एकेडेमी हथियवले बा ।

आयोजक पर्सागढी युवा स्पोर्टस क्लब के सडेन डेथ मे हरावत हेटौडाले उपाधी जितले बा ।
खेल के दुसरका हाफ के बाद भईल बर्षात के बाबजुद भी बहुते रोमाञ्चक बनल खेल के तोकल समय मे दुनु टिम गोलरहित बराबरी खेलला के बाद खेल टाईब्रेकर मे पुगल रहे । पेनाल्टी सुटआउट ५÷५ के बराबरी भईला के बाद सडेन डेथ मे हेटौडा बाजी मरले बा ।

नेपाल खेलकुद क्लव चपुर के हरावत हेटौंडा आ बीरगंज युथ एकेडेमी के हरावत आयोजक क्लब फाईनल मे पुगल रहे ।

प्रतियोगिता मे विजयी भईल हेटौंडा एक लाख एक सय एकावन रोपेया सहित ट्रफी मिलल आ उप बिजेता आयोजक क्लब के पचास हजार एक सय एकाउन्न रोपेया सहित ट्रफी मिलल बा ।

विजयी भईल हेटौडा फुटबल एकेडेमी के कार्जक्रम के बिशिष्ट अतिथि समाजबादी पार्टी पर्सा के अध्यक्ष रामनरेश यादव उपाधी हस्तान्तरण कईले रहनी ।
ओकरा से पहिले कार्जक्रम के सम्वोधन करत प्रदेश २ का भौतिक पुर्वाधार विकास मन्त्री जितेन्द्र सोनल खेलकुद से सभी के भावनात्मक एकता के एक जगहा मे जोडेके बतावत प्रदेश सरकार के ओरी से खेलकुद क्षेत्र के बिकास मे लागेके बतवनी ।

कार्जक्रम मे प्रदेश सांसद सिंहासन साह कलवार, समाजबादी पार्टी पर्सा के अध्यक्ष रामनरेश यादव, जिल्ला सचिव तवरेज अहमद, वार्ड अध्यक्षलोग उद्धव बहादुर उप्रेती, सम्सुदिन साह देवान, नेकपा नगर अध्यक्ष गोकर्ण पाठक लगायत के उपस्थिती रहल रहे ।

आयोजक क्लब के अध्यक्ष याम बहादुर थापा के सभापतित्व मे पुरा भईल कार्जक्रम के सहजिकरण योगेन्द्र चौधरी कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।