उत्कृष्ट मानवीय सेवा देवे खातिर प्रहरी महानिरीक्षक के निहोरा

काठमाण्डु १४ फागुन,

प्रहरी महानिरीक्षक ठाकुरप्रसाद ज्ञवाली नेपाल प्रहरी अस्पताल महाराजगञ्ज मे कार्यरत स्वास्थ्यकर्मी के सेवा चुस्त करेके निर्देशन देहले बानी ।

उ सवर्पसाधारण के स्वास्थ्य सेवा चुस्त बनाके सभ्यता प्रदर्शन करे खातिर सभी कर्मचारी के निहोरा कइनी । अस्पताल के डेन्टल विभाग, अर्थो वार्ड, सर्जिकल वार्ड, स्त्री तथा प्रसूति वार्ड, ओपिडी, फिजियो थेरापी रिहाविलिटेशन युनिट, रेडियो डाइग्नोसिस के उ निरीक्षण कइनी ।

एहितरे उ मेडिकल वार्ड, ल्याब, इमरजेन्सी विभाग लगायत के निरीक्षण करत उपचाररत मरेजी के स्वास्थ्य अवस्था तथा अस्पताल से होखेवाला विविध गतिविधि के बारे मे जानकारी भी देहनी ।

निरीक्षण के बाद आयोजना कईल कार्जक्रम मे अस्पताल मे कार्यरत प्रहरी अधिकृत तथा जवान के निर्देशन देत प्रहरी महानिरीक्षक ज्ञवाली ईलाज के खातिर आवेवाला मरेजी के अपेक्षा पूर्ति करत उत्कृष्ट मानवीय सेवा प्रदान करे मे केन्द्रित होखेके बतवनी ।

नेपाल प्रहरी अस्पताल के आजु के स्थिति तक लियावे खातिर अग्रजलोग के मेहनत, परिश्रम आ लगनशीलता प्रशंसनीय रहल चर्चा करत अस्पताल के गुणस्तर मे आउर वृद्धि करक उत्कृष्ट सेवा प्रवाह करे खातिर दत्तचित्त होके लागे खातिर उ निहोरा कइनी ।

अस्पताल के सरसफाई तथा अस्पताल से प्रवाह होखेवाला सेवा उपर सजग होके क्षमता के प्रदर्शन करत विशिष्ट योगदान करे खातिर उ निहोरा कइनी । प्रहरी महानिरीक्षक ज्ञवाली अस्पताल मे ईलाज करावे खातिर आवेवाला सेवाग्राही उपर के बोली, वचन तथा व्यवहार मे संवेदनशील होखेके बतवनी ।

कार्जक्रम मे उ अस्पताल के मेडिकल डाइरेक्टर प्रहरी अतिरिक्त महानिरीक्षक डा आशा सिंह अस्पताल के गतिविधि, उपलब्ध सेवा, चुनौती, योजना, पूर्वाधार विकास लगायत के विषय मे प्रस्तुतीकरण कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।