बिन्दवासिनी–४ मे रहल राणी पोल्ट्री फर्म मे आगलागी, लाखो के नोक्सानी
बिन्दवासिनी–४ मे रहल राणी पोल्ट्री फर्म मे आगलागी, लाखो के नोक्सानी

वीरगंज १४ माघ
पर्सा के बिन्दवासिनी गाँवपालिका वार्ड नं. ४ मे रहल पोल्ट्री फर्म मे आगलागी भईला पर लाखो के नोक्सानी भईल जनावल गईल बा ।
बिन्दवासिनी–४ अमरपट्टी मे रहल राणी पोल्टी फर्म मे एतवार के दिने सबेरे करिब ८ः३० बजे भईल आगलागी से एक हजार मुर्गी के बच्चा, १० बोरा दाना, पम्पसेट एक थान, मोटर १ थान, विजुली के मिटर १ थान, स्टेन फैन, २ बोरा आलु, बिछौना सहित के सामानसब पूर्ण रुप मे जरके नोक्सान भईल पिडित मोतिलाल चौरसिया बतवनी । आगलागी से करिब ४ लाख के क्षति भईल जनावल गईल बा ।
स्थानियवासी के सहजोग मे करिब २ घण्टा लगाके आगी बुतईला पर भी पोल्ट्री फर्म पूर्ण रुप मे जरके नोक्सान भईल पिडित चौरसिया बतवनी ।






