शैलजा आचार्य आदर्श समाज पर्सा के संयोजक मे प्याकुरेल

वीरगंज १८ फागुन,

शैलजा आचार्य आदर्श समाज पर्सा के संयोजक मे उत्तमा प्याकुरेल के मनोनित कईल गईल बा । वीरगंज के पानी टंकी मे आजु एगो कार्जक्रम के बिच प्याकुरेल के समाज के संयोजक के जिम्मेवारी देहल गईल बा ।

नेपाल के लोकतान्त्रिक आन्दोलन मे विशिष्ट योगदान पुगावल नेपाली काँग्रेस के बरिष्ठ नेता एवं पूर्व मन्त्री शैलजा आचार्य के व्यक्तित्व आ योगदान के जिवन्त राखे खातिर ई समिति गठन कईल समाज के केन्द्रिय अध्यक्ष दुर्गा घिमिरे जानकारी देहनी ।

उ अवसर मे नेपाली काँग्रेस के बरिष्ठ नेता रामचन्द्र पौडेल, केन्द्रिय सदस्य कमला पन्त, कल्याणी देवी, वीरगंज महानगरके उपमेयर शान्ति कार्की, संविधानसभा सदस्य रामेश्वर रौनियार, काँग्रेस के स्थानिय नेतृ गोमा उपाध्याय लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।