भोलेन्टियर समूह किशोरीलोग के बँटलख दु सय सेनेटरी प्याड

वीरगंज २४ फागुन,
नारी दिवस के अवसर मे भोलेन्टियर समूह बीरगंज आजु लालपर्सा के समृद्धि सृजना किशोरी संबाद समूह आ सागर सुनौलो किशोरी संबाद समूह के २ सय सेनेटरी प्याड बँटले बा ।
भोलेन्टियर समुह के संयोजक राजन श्रीवास्तव के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे किशोरी समुह के किशोरी प्रीति कुमारी यादव, स्वास्थ्यकर्मी अनिसकान्त कुश्वाहा, दिपक यादव, महासचिव श्याम सरार्फ जनानीलोग के सरसफाई उपरध्यान देहल जरुरी रहल आ सेनेटरी प्याड के सहि प्रयोग के बारे मे सहभागीलोग के जानकारी देहले रहनी ।
कार्जक्रम मे किशोरी समुह के ओरी से सहभागी सभी के फुलमाला अबिर लगा के स्वागत कईल गईल रहे आ किसोरीलोग कबिता, गित भी समेत प्रस्तुत कईले रहली । सेनेटरी प्याड सानोपाइला संस्था से भोलेन्टिय समुह के सहजोग प्राप्त भईला मे नारी दिवस के अवसर मे किशोरी समुह के बिच बाँटल गईल जनावल गईल बा ।
कार्जक्र मे बिनय गुप्ता, किसन सरार्फ, कमलेश कुश्वाहा, दयाशन्कर सरार्फ, राम मन्डल लगायत के सहभागीता रहल रहे । किशोरी समुह के एनिमेटर सबिता गुप्ता, सुष्मिता गुप्ता कार्जक्रम के संचालन कईले रहली ।






