डेंगु संक्रमित के संख्या १६ हजार से बेसी, अभी तक १२ जने के मृत्यु

काठमाण्डु ३ भादो
देशभर डेंगु संक्रमित के संख्या १६ हजार से बेसी पुगल बा ।
इपिडिमियोलोजी तथा रोग नियन्त्रण महाशाखा (इडिसीडी) के शनिचर तक के तथ्यांक मुताविक बितल १५ पुस से अभी तक १६ हजार २६७ जने के डेंगु संक्रमण पुष्टि भईल बा । एहितरे, ई समय मे डेंगु १२ जने के ज्यान लेहले बा ।
अभी तक सुनसरी मे सबसे बेसी संक्रमित मिलल बाडन । इडिसीडी के तथ्यांक मुताविक सुनसरी मे ८ हजार ४५२, मोरङ मे १ हजार ८७७, धादिङ मे १ हजार ७५७ आ झापा मे ९२६ जने मे डेंगु पुष्टि भईल बा ।
अभी तक ७५ जिल्ला मे डेंगु संक्रमण फईलल बा । महाशाखा के मुताविक कोशी मे १२ हजार २१, बागमती मे २ हजार ६५१, गण्डकी मे ६१८, सुदुरपश्चिम प्रदेश मे ४७९ जने संक्रमित मिलल बाडन । एहितरे, लुम्बिनी मे ३१३, मधेश मे १४० आ कणाली प्रदेश मे ३९ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
बितल बरीस डेंगु प्रकोप के चलते ५४ हजार ७८४ संक्रमित भईला पर ८८ जने के ज्यान गईल रहे । माकिर, ई बरीस डेंगु संक्रमण कातिक के अन्तिम तक उच्च गति मे फईलेके आ आउर भयावह अवस्था आवेके अधिकारी के आकलन बा ।
स्थानीय तह भी डेंगु नियन्त्रण के खातिर ‘खोज तथा नष्ट’ अभियान प्रभावकारी रूप मे सञ्चालन करे ना सकला पर ई अवस्था आईल जनस्वास्थ्यविज्ञ बतवले बानी ।
डेंगु से महामारी के रूप लेवे लागल अवस्था मे राज्य के सभी स्रोत–साधन परिचालन आ जनचेतना अभियान अनिवार्य हि होखी ।
डेंगु नियन्त्रण के खातिर मनसुन सुरू होखेसे पहिले हि लार्भा खोज तथा नष्ट अभियान’ तेजी मे सञ्चालन करेके पडि । माकिर, अभी तक के अनुभव से डेंगु फईलला के बाद मात्र ‘लार्भा खोज तथा नष्ट अभियान’ सुरू होखी । उहें भी प्रभावकारी रुप मे सञ्चालन होखे ना सकि ।
अभी मनसुन सँगे डेंगु तेजी से फईल रहल बा । बेसी पानी संकलन भईल जगहा मे मोछड के खातिर उपयुक्त वातावरण भईला से भी डेंगु बेसी, जलदी से फईलेके विज्ञलोग बतवले बाडन । मोछड से अण्डा पारे सकेवाला घर भितर के सम्भावित जगहा, आरीपाछि के पानी जमल जगहासब आ पानी राखेवाला बरतनसब खोज–खोज के सफा करेके पडि । एहितरे, मोड के अण्डा भी नष्ट करेके पडि ।






