कोरोन भ्रम आ यर्थाथ बिषयक बहश कार्जक्रम

वीरगंज २५ फागुन,

करोना भाइरस के संक्रमण के जोखिम मे भईला पर भी ओकरा से ना हडबडाएके माकिर सर्तक रहेके बात मे बिज्ञलोग जोड देहले बाडन । न्यूज २४ टिभी से बीरगंज मे आयोजना कईल कोरोन भ्रम आ यर्थाथ बिषयक बहश के लाइभ प्रशारण मे बिज्ञलोग अइसन बिचार रखले रहलन । कोरोना भाइरस के संत्रास बढल अवस्था मे सामाजिक उत्तरदायित्व के मनन करत टेलीभिजन जनचेतना मुलक कार्जक्रम के आयोजना कईले बा ।

चिन से शुरु भईल प्राणघातक करोना भाइरस के संक्रमण के नियन्त्रण करे खातिर बीरगंज नाका मे हेल्थ डेस्क के स्थपना कईल पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी बिष्णु प्रसाद कार्की जानकारी देहनी । उ करोना के संक्रमण के रोके खातिर कउनो दवाई पत्ता ना लागल अवस्था मे आपन आनी वानी मे बदलाव लियावे खातिर जोड देहनी ।

कारोना भाइरस लागला पर ना हडबडावे के बतावत डा अभिसेक सिंह सरासफाई मे ध्यान देहल जरुरी रहल बतवनी । उ कोरोना जीवाणु कपडा मे ९ घण्टा आ धातु मे १२ घण्टा आ २० से २६ डिग्री तापक्रम मे बेसी फईले सकेवाला भईला से सरसफाई मे जोड देवे खातिर निहोरा कइनी ।

बीरगंज महानगरपालिका के मेयर बिजय सरावगी बीरगंज के नारयणी अस्पताल मे ६ बेड, नेशनल मेडिकल कलेज मे ५० बेड आ नारायणी बयोधा अस्पताल मे ४ बेड आइसोलेशन के खातिर व्यवस्था कईल बतवनी । न्यूज २५ टेलीभिजन संक्रमण फईलला के बाद चिन्ता ना संक्रम फईले ना देवे खातिर चिन्तन करेके परिपाटी के बिकास करे खातिर कार्जक्रम के आयोजना कईल केन्द्रीय ब्यूरो प्रमुख राजु श्रेष्ठ बतवनी ।

कार्जक्रम मे राजनीतिक दल के नेतालोग, नागरिक समाज लगायत अनेकन सरोकार समुह के प्रमुखलोग के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।