लागूऔषध सहित एक जने पकडईलें

वीरगंज १४ सावन
पर्सा पुलीस लागूऔषध सहित एक जने के पकडले बा । पकडाएवाला मे बारा के बिश्रामपुर–५ इटियाही के १९ बरीस के शेख अजाद रहल बाडन ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा से खटल पुलीस गस्ती टोली उनका के मंगर के दिने वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १२ गण्डक चोक से नियन्त्रण मे लेहल गईल जनावल गईल बा ।
उनकर साथ से २÷२ सय थान नुर्फिन, फेनारगन आ डाइजेपाम बरामद भईल आ उालेग उपर आउर अनुसन्धान हो रहल पुलीस जनवले बा ।





