जिल्ला बचत तथा ऋण सहकारी संघ पर्सा के १६ वाँ वार्षिक साधारण सभा पुरा

जिल्ला बचत तथा ऋण सहकारी संघ पर्सा के १६ वाँ वार्षिक साधारण सभा पुरा

वीरगंज १३ पुस

जिल्ला बचत तथा ऋण सहकारी संस्था लि. सखुवा प्रसौनी–५ महुवन पर्सा के १६ वाँ वार्षिक साधारण सभा शुक के दिने वीरगंज मे पुरा भईल बा ।

जिल्ला समन्वय सतिति के सभाहल मे पुरा भईल साधारणसभा के प्रमुख अतिथि प्रदेश सभा सदस्य प्रमोद जायसवाल संघ के ब्यवस्थापन चुस्तदुरुस्त रहला के चलते अभी के आर्थिक संकट के अवस्था मे भी ई संघ प्रभावकारी तरिका से संचालन रहला मे खुशी व्यक्त कईले रहलन ।

सहकारी के व्यवस्थापन आ सञ्चालक समितिसब के लापरवाही के चलते बाहर से आके पर्सा मे कारोबार करेवाला प्रायः बहुते सहकारी संचालकसब अभी सर्वसाधारण के पईसा लेके भाग रहल बतवनी । सहकारी डुबला के मुख्य कारण बढिया जगहा मे लगानी करे ना सकल आ ब्यवस्थापन बढिया ना रहल चर्चा करत प्रमुख अतिथि जायसवाल संस्था खोलल बडका बात ना ह, ओकरा के बढिया से चलावल बडका बात रहल बतवनी । संचालक समिति के पदाधिकारीलोग से लगानी कईला पर सचेत होके लगानी करेके सुझाव देत संघ अभी तक बढिया प्रगति कईला मे धन्यबाद देत आउर सफलता के कामना कईले रहलन ।

उ कार्जक्रम के बिशिष्ट अतिथि जिल्ला सहकारी संघ लि.पर्सा के हरेन्द्र सिंह संघ के भवन बनावे खातिर हम सकेभर सहजोग करेम कहके प्रतिबद्धता जनवनी ।

दोसर बिशिष्ट अतिथि जिल्ला बचत तथा ऋण सहकारी संघ लि.बारा के अध्यक्ष सतेन्द्र ठाकुर मधेश प्रदेश के सहकारी संघ मेसे पर्सा सहकारी संघ के एक नम्बर मे पुगावे खातिर हम सकेभर सहजोग करेम कहके बतवनी । पर्सा से भी बहुते बहुते संघसब रहल बा माकिर बढिया व्यवस्थापन ना भईला के चलते आजु तक प्रगति ना कईल बतवनी ।

कार्जक्रम मे संघ के कोषाध्यक्ष नगनारायण सिंह वार्षिक, आर्थिक प्रतिवेदन आ प्रस्तावित बजेट प्रस्तुत कईले रहलन आ लेखा समिति के संयोजक राजेन्द्र प्रसाद जायसवाल लेखा समिति प्रतिवेदन प्रस्तुत कईले रहनी । बितल आर्थिक बरीस मे संघ घाटा मे रहला पर भी ई आर्थिक बरीस मे ३ लाख रोपेया नाफा कमाईल सिंहद्धारा प्रस्तुत प्रतिवेदन मे उल्लेख रहल बा ।

संघ संचालक समिति के अध्यक्ष राजेश पंडित के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नेपाल रेडक्रस सोसाईटी पर्सा के अध्यक्ष विरेन्द्र राज कडेल, सिएमसी के अध्यक्ष रवि भुषण श्रीवास्तव, राष्ट्रिय सहकारी बैंक. लि. वीरगंज शाखा के संजय कुमार महतो, नेफस्कुन के गौतम कुमार साह, सहकारीकर्मीलोग शिव कुमार साह, राजेन्द्र प्रसाद जयसवाल, शुम्भु प्रसाद गुप्ता, हरेराम प्रसाद लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

संघ के महासचिव जिष्णु बराल से सञ्चालन कईल कार्जक्रम मे उत्कृष्ट कारोबार करेवाला श्री महालक्ष्मी बचत तथा ऋण सहकारी, नियमित कारोबार करेवाला श्री उद्यमिशीप विकास बचत तथा ऋण सहकारी आ असल कर्जा के कारोबार करके संघ के विकास मे योगदान पुगावेवाला श्री आशिर्वाद बचत तथा ऋण सहकारी संस्था लिमिटेड के सम्मान पत्र सहित सम्मान कईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।