पर्सा मे विद्युत चोरी करेवाला १७ जने पकडईलें

वीरगंज ०२ चईत,
पर्सा मे विद्युत चोरी कईल आरोप मे १७ जने पकडाईल बाडन ।
विद्युत के मुख्य तार मे बन्सी फँसा के विद्युत चोरी कईल आरोप मे सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका से ९, पटेर्वासुगौली गाँवपालिका से ४, पर्सागढी नगरपालिका से २, बहुदरमाई नगरपालिका से १ आ बिन्दबासीनी गाँवपालिका से १ जने करके जम्मा १७ जने पकडाईल बाडन । वि
सूचना के अधार मे पर्सा पुलीस आ नेपाल विधुत प्राधिकरण पोखरिया शाखा के संयुक्त गस्ती टोली शनिचर के रात उलोग के पकडले बा ।
पकडाईल आदमीसब उपर जरुरी अनुसन्धान हो रहल पर्सा पुलीस जनवले बा ।






