खाएवाला सामान के व्यवसाय करेवाला सफासुधर ना राखला पर जरीवाना सहित के कारवाही होखी : साह

प्रभु यादव

बारा २० चईत

कलैया उपमहानगरपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत नाथु साह खाएवाला सामान के व्यवसाय करेवाला सफासुधर नाराखल भेटला पर जरीवाना सहित के कारवाही मे परी जनकारी करावले बानी ।

सडक किनार मे विक्री होखेवाला खाद्य पदार्थ के स्वच्छता अभिवृद्धि कार्जक्रम के अध्यक्षता करत प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत साह अईसन जनकारी करावले बानी । खाद्य पदार्थ के व्यवसाय कईल लोग मात्र खाए आवेवाला ग्राहक लोग के विमार ना बनाके उलोग आपना के विमार बना सकतानी साह जानकारी करावले बानी ।

खाद्य पदार्थ बेचेवाला लोग के व्यवसाय बजार अनुगमन टोली से चेकजाँच करेवाला समय मे स्वच्छ ना मिलला पर पाँच सय से दु लाख तक जरिवाना आ दु बरीस तक जेल सजाय हो सके के साह बतावले बानी । नेपाल सरकार से बनावल नियम कानुन के मान के व्यवसाय दर्ता कर के सञ्चालन करे के जनकारी करावले अधिकृत साह बतावले बानी । कलैया उपमहानगरपालिका भितर व्यवसाय कईले बानी त स्थानिय तह मे दर्ता करवावे के कार्जक्रम मे सहभागी लोग के जनकारी करावत व्यापारी लोग के जनकारी करावे के सन्देश अधिकृत साह जनकारी करावले बानी ।

होटल रेष्टुरेन्ट खाद्य स्वच्छता कायम करे खातिर पालना करेवाला आवश्यक मापदण्ड के सम्बन्ध मे खाद्य प्रविधि तथा गुण नियन्त्रण डिजिजन कार्यालय वीरंगज पर्सा के कार्यालय प्रमुख विक्की राउत जनकारी करावले रहनी । खाद्य स्वच्छता आधार मे होटल रेष्टुरेन्ट स्तरीकरण मुल्यांकन सूचाङ्ग ५० बुन्दे नेपाल सरकार से बनावल गईल कार्यालय प्रमुख राउत जनकारी करावले रहनी ।

खाद्य प्रविधि तथा गुण नियन्त्रण डिभिजन कार्यालय वीरंगज पर्सा के आयोजना आ कलैया उपमहानगरपालिका के सह आयोजना मे शनिचर के दिन सञ्चालन भईल रहल । कार्जक्रम मे कलैया उपमहानगरपालिका के राजश्व अधिकृत दिवाकर झा, सरसफाइ शाखा प्रमुख रामजी मण्डल, उपभोक्ता हित संरक्षण मञ्च के अरूण खनाल फुटकर व्यावसाय कईल ३५ जने व्यापारी सब के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।