नारायणी अस्पताल के आइसोलेसन वार्ड के हाल बेहाल

वीरगंज ०३ चईत,

वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे कोरोना भाइरस संक्रमित के ईलाज के खातिर ५ बेड के आइसोलेसन वार्ड बनावल गईल बा ।
महेन्द्र आरोग्य भवन के भु तल्ला के कोठरी मे बनावल गईल आइसोलेसन वार्ड फुहर भईल सिकाईत आईल बा ।

सांसद प्रदीप यादव सोमार के दिन मे नारायणी अस्पताल पुगला पर फुहर आ दुर्गन्ध देखला के बाद अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट समक्ष सिकाईत कईले रहनी ।

“आइसोलेसन वार्ड स्थापना कईल कोठरी भितर माकुरा के जाल लागल रहे, दुवारी मे हि उलटी कईल आ भितर घुसला पर महकेके” कहत उ “वार्ड के जमिन भी धुरा से भरल, बेड भी सफा ना रहे ।”
वार्ड मे अलगे सिपटी के भी व्यवस्था ना रहल उ बतवनी ।

“ओइसन कोठरी मे कोरोना भाइरस संक्रमित के राखल गईला पर उनका इन्फेक्सन होखेके संभावना बेसी होखी । आइसोलेसन वार्ड कउनो भी दृष्टि से सुरक्षित ना देखल गईल” सांसद यादव कहनी ।

बन्द कोठरी गुमसल, महकल स्वाभाविक भईल मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा मदन उपाध्याय बतवनी ।
“अस्पताल हि फुहर बा, वीरगंज हि फुहर बा” कहत उ “पुरे वीरगंज महानगरपालिका हि फुहर बा, अस्पताल मात्र फुहर भईल बा ?” कहके सवाल कइनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।