वीरगंज से ३५ सय किलो छोहडा बरामद

वीरगंज ०३ चईत,
वीरगंज से पुलीस ३५ सय किलो छोहडा सहित के मिनी ट्रक नियन्त्रण मे लेहले बा ।
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १६ नगवा से ना ५ ख ८४८१ नम्बर के मिनी ट्रक नियन्त्रण मे लेहले बा ।
मिनी ट्रक मे छोहडा लगायत के सामान चोरी निकासी करके भारत ओरी जात बा कहके सूचना के आधार मे उ परिमाण के छोकडा बरामद भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा ।
बरामद कईल मिनी ट्रक आ छोहडा के दाम अन्दाजी २३ लाख ५० हजार रोपेया रहल अनुमान पुलीस कईले बा ।
बरामद कईल छोकडा सहित के ट्रक जरुरी अनुसन्धान आ कारबाही के खातिर राजश्व अनुसन्धान कार्यालय पथलैया बारा मे बुझावल गईल पर्सा पुलीस जनवले बा ।






