बारा के प्रउ आ प्रदेश के ट्राफिक प्रमुख के सरूवा

प्रभु यादव

बारा २६ पुस

बारा के प्रहरी उपरीक्षक दिपेन्द्र शाही के सरूवा भईल बा ।
प्रहरी प्रधान कार्यालय मानवश्रोत एवम् प्रशासन विभाग, नक्साल के सुचना अनुसार २०७८ पुस महिना सेही तलब भत्ता समेत दरबन्दी सरुवा भईल जगह से खाए के समेत व्यवस्था कईले बा ।

बारा जिल्ला सहित ३४ प्रहरी उपरीक्षक के सरुवा भईल बा । जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा मे कार्यरत प्रहरी उपरीक्षक शाही के नेपाल प्रहरी प्रदेश कार्यालय काभ्रेपलान्चोक मे सरुवा भईल बा ।

बारा मे प्रहरी उपरीक्षक दिलिप सिंह देउवा आवेवाला भईल बानी । नेपाल प्रहरी विशेष सुरक्षा गण महेन्द्रनगर कंचनपुर मे देउवा कार्यरत रहनीहवे ।

प्रदेश ट्राफिक प्रहरी कार्यालय पथलैया के प्रमुख प्रहरी उपरीक्षक हिमालय कुमार श्रेष्ठ के सरुवा भईल बानी उनका जगह मे प्रमुख प्रहरी उपरिक्षक नन्तीराज गुरुङ आवेवाला भईल बानी ।नेपाल प्रहरी के ३४ प्रहरी उपरीक्षक लोग के सरुवा एक साथ भईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।