वीरगंज महानगर संक्रामक रोग के ईलाज के खातिर अलगे अस्पताल बनाई

वीरगंज १२ असाढ

वीरगंज महानगरपालिका संक्रामक रोग के ईलाज के खातिर अलगे अस्पताल बनावेवाला बा । ओकरा खातिर नगरसभा १ करोड रोपेया बजेट विनियोजन कईले बा ।

महानगरपालिका अभी नारायणी अस्पताल अन्तर्गत रहल गण्डक अस्थायी कोभिड अस्पताल के व्यवस्थापन कर रहल बा ।

कोरोना महामारी से पाठ सिखके भविष्य मे आवे सकेवाला संक्रामक रोग के ईलाज के खातिर अस्पताल बनावेके निर्णय भईल नगर प्रमुख विजयकुमार सरावगी जानकारी देहनी ।

नगरसभा से असाढ १० गते उप प्रमुख शान्ति कार्की से प्रस्तुत कईल आर्थिक बरीस २०७७÷०७८ के बार्षिक नीति उपर क्षेत्रगत रुप मे छलफल होके संसोधन तथा परिमार्जन सहित स्वीकृत कईले बा ।

एहितरे आर्थिक बरीस २०७७÷०७८ के बार्षिक बजेट तथा कार्जक्रम मे समावेश कईल ३ अरब ८६ करोड ५१ लाख ९० हजार ३ सय ३५ राजश्व आ व्यय के अनुमान संसोधन तथा परिमार्जन सहित स्वीकृत कईले बा ।

आर्थिक विधेयक २०७७, विनियोजन विधेयक २०७७ उपर दफावार छलफल के बाद संसोधन तथा परिमार्जन सहित स्वीकृत भईल बा ।

एहितरे चालु आर्थिक बरीस के २०७६ फागुन ११ से २०७७ असाढ ९ गते तक नगर कार्यपालिका के बइठक से भईल सभी निर्णयसब अनुमोदन कईले बा ।

चालु आर्थिक बरीस के २०७६ सावन १ गते से २०७७ अषाढ ९ गते तक भईल सभी खर्च अनुमोदन कईले बा ।

एहितरे चालु आर्थिक बरीस २०७६÷०७७ के अधिकार प्रत्यायोजन सम्बन्ध मे, आर्थिक बरीस २०७७÷०७८ के खातिर स्वीकृत योजना तथा कार्जक्रम विशेष कारण से कार्यान्वयन करेके अवस्था ना भईला पर स्वीकृत बजेट के परिधि भितर रहके योजना तथा कार्जक्रम संसोधन करके कार्यान्वयन करे खातिर कार्यपालिका के अधिकार प्रत्यायोजन करेके निर्णय भी नगरसभा से कईले बा ।

नगरसभा से आकस्मिक योजना छनौट, चालु आर्थिक बरीस के योजना भुक्तानी, योजना कार्यान्वयन सम्बन्ध मे नगरसभा से स्वीकृत राजस्व आ ब्यय के अनुमान मे समावेश ना भईल माकिर आर्थिक बरीस २०७७÷०७८ मे आउर बजेट तथा कार्जक्रम प्राप्त भईला पर नगर कार्यपालिका स्वीकृत करके कार्यान्वयन करेके निर्णय कईल महानगरपालिका जनवले बा ।

फुहरमैला व्यवस्थापन के सम्झौता पुनरावलोकन, वीरगंज बस पार्क टर्मिनल, सञ्चालन तथा सेवा शुल्क संकलन सम्बन्धि सम्झौता अंक समायोजन करेके, नारायणी अस्पताल मे फार्मेसी सञ्चालन के खातिर सिड मनी उपलब्ध करावेके, कोभिड–१९ अस्थायी अस्पताल सञ्चालन सम्बन्धि सम्झौता अनुमोदन, कोरोना भाइरस से सम्बन्धित खर्च अनुमोदन कईले बा ।

चालु आर्थिक बरीस २०७६÷०७७ मे संघीय सरकार से हस्तान्तरित कार्जक्रम ओरी विद्यालय भौतिक पूर्वाधार निर्माण शीर्षक मे प्राप्त अनुदान रकम २ करोड ९८ लाख अनुमोदन कईले बा ।

१२ गो विद्यालय के बाँडफाँट करके सभी रकम विद्यालय के निकासा देवेके प्रमुख स्तर से जेठ १९ गते भईल निर्णय के अनुमोदन कईल महानगरपालिका जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।