किसान लोग के खातिर तालिम

बारा ०४ चईत,
बारा के करैयामाई गावपालीका ७ उमजन मे किसान लोग खातिर मकई, धान आ गहु के खेती करेखातिर दु दिने तालिम सम्पन्न भईल बा ।
वार्ड नम्वर ७ आ ८ से ३० जने किसान लोग के मकई, धान आ गहु मे लागेवाला बिमारी आ किरा सब के पहचान कईसे कईल जाई अउरी बचावेला करेके उपाय सब कृषि प्रविधिक प्रभु यादव आ अविनास थापा जनकारी देहनी ।
कृषि शाखा के आयोजना मे कईल गईल तालिम मे विशेष कर के बहुते नोक्सान करहल फौजी किरा के सम्बन्ध मे प्रशिक्षक लोग जोड देहले रहलन सहभागी लोग बतावले बानी ।
पालिका के आयोजना के मुताविक आठ वार्ड के चार चरण मे कर के तालिम देहल गईल कुषि शाखा जनकारी करावले बा ।
वार्ड नम्वर १, ४, ६ आ ७ मे कर के गावपालीका मे रहल सभे वार्ड के किसान लोग के सहभागी पुगा के तालिम पूरा कईल गईल शाखा प्रमुख अभिनास थापा जनकारी देहनी ।
तालिम लेला से खेती करेवाला किसान ओझेल मे ना पर के सवधानी अपना के बाली के उब्जावे मे सफल होईहन आशा रहल शाखा प्रमुख थापा जनकारी देहनी ।





