ठगी मुद्धा के दोषी के पकडेला पुलिस करहल अनाकानी
बारा ०४ चईत,
ठगी मुद्धा मे अदालत से पकडेला आदेश भईला पर भी मुद्धा के दोषी लोग खुलेयाम घुम रहल बा कहके जाहेरवाला शशिकान्त यादव दुःख सुनावत अईसन जनकारी करवले बानी ।
जमिन के सम्बन्ध मे ३९ लाख रोपेया बायना बापत कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्बर २७ बिजुलपुर के रहनियार घनश्याम पाण्डेय आ वार्ड नम्बर २६ के अशोक तिवारी लेहल सम्बन्ध मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा मे मिति २०७६ साल कुवार २० गते दर्ता नम्बर १ सय ६३ मुद्धा दर्ता भईल बा ।
जिल्ला अदालत बारा से उहे मुद्दा के दोषी लोग पकडेला मिति २०७६ साल कुआर २६ गते जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के नाम मे आदेश भईला वाद पकडे मे आनाकानी कईला से अपना के हरानी होरहल यादव जनावले बानी ।
जिल्ला अदालत बारा के आदेश के अटेर करत तिवारी आ पाण्डेय जनकपुर उच्च अदालत स्थाई इजलास के अस्थाई उच्च अदालत वीरगंज मे अपना के ना पकडेला निषेध अज्ञा मुद्धा देहले रहलन जवन मुद्धा उच्च अदालत के न्यायधिसद्वयलोग डिल्लीराज अर्चाय आ भिम ओझा के सयुक्त ईजलास से मिति २०७६ साल चईत महिना के ३ गते खारिज भईला वाद पुलिस दोषी लोग के पकडेला काम ना कररहला से आपना चिन्ता होरहल यादव बतावले बानी ।
ई सम्बन्ध मे बारा प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र अदालत के आदेश प्रहरी सदैव पालन ना करहल दोषी के पकडेके यादव आग्रह कईनी । पाण्डेय तिवारी से ई सम्बन्ध मे फुन सम्पर्क ना भईला से प्रतिक्रिया आवे ना सकल बा ।






