बारा के दु जने कोरोना संक्रमित के वीरगंज मे मृत्यु

बारा १० भादो

वीरगंज के कोभिड अस्पताल मे आउर दु जने संक्रमित के मृत्यु भईल बा । गण्डक बहुअरीस्थित वीरगंज हेल्थकेयर अस्थायी कोभिड अस्पताल मे मंगर के रात बारा के दु संक्रमित के ईलाज के समय मे मृत्यु भईल बा ।

बारा के विश्रामपुर गाँवपालिका–१ छतवा के ४२ बरीस के पुरुष के मंगर के रात पौने ११ बजे मृत्यु भईल नारायणी अस्पताल के प्रवक्ता डाक्टर अतुलेश चौरसिया जानकारी देहनी ।

उनका मुताविक छतवा के ४२ बरीस के पुरुष के श्वासप्रश्वास मे समस्या देखल गईला के साथे बोखार भी अईला के बाद मंगर के दिने पीसीआर जाँच करईला पर कोरोना पोजिटिभ पुष्टि भईला के बाद दिन के वीरगंज हेल्थकेयर अस्थायी कोभिड अस्पताल मे भर्ना भईल रहलन ।

एहितरे वीरगंज हेल्थकेयर अस्थायी कोभिड अस्पताल मे ७ दिन से ईलाज करा रहल बारा के कलैया उपमहानगरपालिका–१ के ७० बरीस के पुरुष के भी मंगर के रात मृत्यु भईल बा ।

श्वास प्रश्वास मे समस्या देखल गईला के बाद भादो २ गते पीसीआर परीक्षण कईला पर उनका मे कोरोना पोजिटिभ देखल गईला के बाद उ उहे दिन वीरगंज हेल्थकेयर अस्थायी कोभिड अस्पताल मे भर्ना भईल रहलन । ईलाज के समय मे उनकर मंगर के रात ८ बजे मृत्यु भईल डाक्टर चौरसिया जानकारी देहनी ।

एकरा से पहिले मंगर के सबेरे बारा के दु जने संक्रमित पुरुष के वीरगंज के गण्डकस्थित दोसर कोभिड अस्पताल मे ईलाज के समय मे मृत्यु भईल रहे ।
वीरगंज मे कोरोना के चलते मृत्यु होखेवाला के संख्या ४२ पुगल बा ।

सावन एने मात्र ३८ जने के मृत्यु भईल बा । वीरगंज मे अभी तक कोरोना के चलते मृत्यु भईल ४२ जने मेसे १ लावारिस युवक सहित पर्सा के ३१ जने, बारा के ९ जने आ रौतहट के २ जने रहल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।